The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

पोखरिया नगरपालिका से ४ जने कोरोना संक्रमित मिलल

वीरगंज, १५ जेठ ।

पर्सा के पोखरिया नगरपालिका के ४ जने मे कोरोना संक्रमण मिलल बा । पोखरिया नगरपालिका मे रहल श्री रामदेव साह कलवार मावि के क्वारेंटाइन मे रहल ४ जने के पीसीआर परीक्षण रिपोर्ट पोजेटीभ आइल बा नारायणी कोरोना विशेष अस्पताल गण्डक के संयोजक डा. उदय नारायण सिंह जानकारी देहले ।

नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे कईल गइल पीसीआर परीक्षण के रिपोर्ट पोखरिया नगरपालिका के ४ जने मे कोरोना पॉज़िटिव आइल संयोजक डा. सिंह जानकारी देहले ।

पोखरिया नगरपालिका के उप प्रमुख सालमा खातून भी नागपालिका के ४ जने मे कोरोना संक्रमण मिलल जानकारी देहले बाड़ी । पोखरिया नागपालिका वाड नम्बर ६ श्रीसिया के एक जने आ वाड नम्बर ९ शिव वार्वा के ३ जने मे संक्रामण देखल गईल उप प्रमुख खातून जानकारी देहली ।

संक्रमण होखे मे ३६, ४२, २१, आ ३९ साल के पुरुष लोग रहल बा लोग खातून बतवली । एकरा संगही पर्सा मे संक्रमण के संख्या ९९ पहुचल बा ।

कोरोना संक्रमित चारु जने एक हप्ता पहिले भारत से आइल रहे लोग । संक्रमण मिलल मे से ३ जने जेठ ७ गते आ एक जने जेठ ८ गते भारत से आइल रहे लोग नगर प्रमुख दीप नारायण रौनियार जानकारी करवले । उनका हिसाब से चारु जने भारत से आवते क्वारेंटाइन मे उ लोग के राखल गइल रहे ।

जेठ १३ गते नगरपालिका के क्वारेंटाइन मे रहल १४ जने के पीसीआर बिधी से कोरोना परीक्षण खातिर स्वाब नमूना संकलन कईल गइल रहे । पोखरिया अस्पताल के ल्याब टेक्निसियन के समूह नमूना संकलन कर के परीक्षण खातिर नारायणी मे रहल ल्याब मे भेजले रहे । जे मे से ४ जने के रिपोर्ट पॉज़िटिव आइल पोखरिया अस्पताल के मेसु डा. अनिल यादव जानकारी देहले ।

संक्रमण मिलल चारु जने के कोरोना बिशेष अस्पताल गण्डक मे लियावल गइल बा । उ चार जने संघही गण्डक आइसोलेसन मे इलाजरत कोरोना संक्रमित के संख्या फेर से ९ पहुचल बा । कालिका टाइम्स

प्रतिकृया
Loading...