पोखरिया नपा के सहजोग मे ४० जने लइकीयन के बाँटल गइल साइकिल

307

लालबाबु बानिया/पोखरिया ०६ फागुन,

पर्सा के पोखरिया नगरपालिका के वार्ड नं. ३, बसन्तपुर मे सोमार के दिने एगो कार्जक्रम के बिच ४० जने लइकीलोग के निःशुल्क साईकल वितरण कइल गइल बा ।
नगर प्रमुख दिपनारायण रौनियार के अध्यक्षता मे भइल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि नेपाली कांग्रेस के केन्द्रिय सदस्य रमेश रिजाल वार्ड अन्तर्गत के कक्षा ८, ९ आ १० मे अध्ययनरत लइकीसब के साईलक वितरण कइल गइल बा ।

कार्जक्रम के सम्बोधन करत केन्द्रिय सदस्य रिजाल देश मे भ्रष्टचार बढ़त गइला पर भी सरकार के कउनो चाव ना रहल के आरोप लगवनी । बुढीगण्डकी, हवाईकाण्ड, सुन काण्ड, निर्मला हत्या काण्डा मे सरकार के कउनो चाव ना रहल रिजाल के कहनाम रहे । नेकपा, फोरम आ राजपा के सलग्नता मे भ्रष्टाचार एवं महंगी बढत गइल उनकर आरोप रहे ।

भष्टाचार मुक्त नगरपालिका बनइला पर मात्र विकास सम्भव रहल बतावत नेता रिजाल जनानी आरक्षण के लइकीलोग फायदा उठावत देश के प्रमुख पद मे भी जनानीलोग से काब्जा करेके चाहिं कहके बतवनी । लइकीसब के विद्यालय आवे जाएमे सजिलो होखे खातिर नगरपालिका के सहजोग मे साईकल वितरण कइल वार्ड अध्यक्ष अजय कुमार कलवार बतवनी ।

कार्जक्रम मे उपमेयर सलमा खातुन, नेता जनाद्र्धन सिंह क्षेत्री, बशिष्ठ नारायण कुर्मी, बृहस्पती श्रेष्ठ, प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत धर्मराज थापा, पूर्व सांसद रामेश्वर रौनियार, नेपाली कांग्रेस पर्सा के कोषाध्यक्ष इमतियाज आलम, क्षेत्रिय सचिव श्रीकान्त यादव, प्रध्यापक ललन द्विवेदी, वार्ड नं. ४ के अध्यक्ष लक्ष्मण साह कानु लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहलन ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here