पोखरिया में ऐगो दैनिक के विमोचन; भोजपुरिया गढ़ मे भी हिन्दीए मे भईल सम्बोधन

341

वीरगंज,  ०५ फागुन,

पर्सा जिल्ला के ग्रामिण क्षेत्र से पहिलका बेर मध्य प्रदेश दैनिक पत्रिका के आजु एगो समारोह के बिच विमोचन भइल बा ।

पर्सा जिल्ला के दुसरका सदरमुकाम के रुप मे परिचित पोखरिया के हनुमान मन्दिर परिसर मे आजु एगो समारोह के बिच प्रदेश नं. २ के भौतिक पूर्वाधार तथा यातायात मन्त्री जितेन्द्र सोनल पत्रिका के विमोचन कइले रहनी ।

कार्जक्रम के सम्बोधन करत विकास मे पछाडी पडल ग्रामिण भेग से निकलेवाला पत्रिका से सुचना के पहुच मे सहजोग पुगेके बतवनी ।

पर्सा, बारा जिल्ला भोजपुरी भाषा के गढ के रुपमे पहिचानल जाला । माकिर मन्त्री सोनल भोजपुरी भाषा मे सम्बोधन ना करके हिन्दी भाषा मे सम्बोधन कइला से कुछ स्थानियलोग ना निमन लागल कहत रहलन ।

आपन मातृभाषा भोजपुरी रहला पर भी हिन्दी मे भाषण कइला मे सहभागीलोग खुल के विरोध ना कइले माकिर  ई पत्रिका से सिकाइत कइले ।

कार्जक्रम मे अधिकांश वक्तालोग भोजपुरी मे हि आपन बिचार रखले रहलन ।

कार्जक्रम मे प्रदेश सभा सदस्य राजेश्वर साह अभी के जरुरत विकासे पत्रकारिता रहल बतावत पत्रिका के भुमिका ग्रामिण भेग के विकास के खातिर होखेके बात मे जोड देहनी ।

पोखरिया नगरपालिका के मेयर दिपनारायण रौनियार पर्सा के दुसरका सदरमुकाम के रुप मे रहल पोखरिया के विकास के खातिर प्रदेश सरकार से सहजोग करे खातिर निहोरा कइनी ।

कार्जक्रम मे मेयर रौनियार पत्रिका के एक थान कम्प्यूटर सहजोग करेके प्रतिवद्धता भी जनवनी । उ अवसर मे पोखरिया नगरपालिका के उप मेयर सलमा खातुन पत्रिका ग्रामिण भेग के जनाता के अवाज वनेके बतावत विकासे पत्रकारिता मे जोड देहनी ।

पटेर्वा सुगौली गाँवपालिका के उप प्रमुख ममता महतो भौतिक विकास से मात्र ना होखेके बतावत समाजिक विकास भी जरुरी रहल बतवनी ।

संचारकर्मी भी रहल गैसस महासंघ नेपाल पर्सा के अध्यक्ष छठु साह ग्रामिण भेग के पत्रकारलोग के बारे मे भी स्थानिय तह से सोंचल जरुरी बा कहके बतवनी ।

पत्रिका के प्रबन्ध निर्देशक लालबाबु वानियाँ के अध्यक्षता मे भइल कार्जक्रम के संचालन सम्पादक नरेन्द्र साह कइले रहनी ।

स्थानिय पत्रकार धर्मेन्द्र चौरसिया से स्वागत मन्तव्य कइल कार्जक्रम मे पूर्व सांसद प्रधुमन चौहान, रामेश्वर रौनियार, नेकपा प्रदेश नंं. २ सदस्य रामबाबु बैठा, नेपाल पत्रकार महासंघ, पर्सा के अध्यक्ष श्याम बंजारा, राजापा के सह महासचिव नेजामुदिन समानी लगायत के लोग शुभकामना मनतव्य रखले रहनी ।

पत्रिका के प्रकाशक राजन कुमार वानिया रहल बानी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here