पोखरिया मे चोर सक्रिय, जनप्रतिनिधि आ प्रहरी प्रशासन मौन – स्थानीय के ओरहन

164

पोखरिया, १८ जेठ ।

पर्सा के पोखरिया नगरपालिका वाड नम्बर ४, बाजार ओर के ही एक जना स्थानीय ब्यापरी के दोकान मे बितल मंगरवार के रात मे चोरी भइल के घटना इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया के प्रहरी निरीक्षक मछीन्द्र केसी पुछला पर पहिले त कुछों नईखे भइल बतवले बाद मे तनी जानकारी देहला के बाद आपन मुह खोलले ।

स्थानीय व्यापारी छोटेलाल साह कलवार के पार्चुन के दोकान मे चोरी भइल रहे । चोर दोकान के ताला तुर के चोरी कईले बा कलवार बतवले । चोर दोकान मे रहल अनेकन समान आ नगद सहित करीब १ लाख बराबर के चोरी भइल कलवार बतवले । कलवार के पार्चुन दोकान आ उनकर भैया के किराना दोकान मे एक बरिस के भीतर ही ५ बेर चोरी हो चुकल कलवार ओरहन सुनवले । स्थानीय आदमी लोग “ स्थानीय प्रहरी प्रशासन आ जनप्रतिनिधिलोग सुरक्षा व्यवस्था प्रति गम्भीर ना रहला के कारण बारम्बार चोरी के घटना हो रहल बा आरोप लगवले बा लोग ।

पोखरिया नगरपालिका के केंद्र समेत रहल पोखरिया बाजार से पश्चिम ओर करीब १ किलोमीटर के दूरी मे इलाका प्रहरी कार्यालय बा । इप्रका पोखरिया के हिसाब से रात के समय रोज प्रहरी सुरक्षा गस्ति हो रहल बा । स्थानीय के हिसाब से प्रहरी के गस्ति भइला के वावजूद चोरी के घटना नईखे रुकत ।

एक हप्ता के भीतर कन्हैया पटवा, निजामुदिन मियाँ, संतोष साह कलवार सहित दर्जनो दोकान मे चोरी हो गईल स्थानीय लोग बतवलख । चोर कौनों मंगलग्रह से त आवेलसन ना क़हत स्थानीय लोग ब्यङ्ग भी कईले लोग ।

स्थानीय जनप्रतिनिधि आ प्रहरी प्रशासन एकरा ओर ध्यान खाली दे देव चोर के पहिचान करे मे आ कानूनी हिसाब से  दंडित करे मे असंभव नईखे स्थानीय लोग कहलख ।  दारू के दोकान रात के ११ बजे तक खुलेला स्थानीय लोग दाबी के साथ कहलख । बीतल साल बाजार के सुरक्षा के नजर मे राख़ के प्रहरी सुरक्षा के साथ साथे व्यापारी लोग स्थानीय गौरी महरा के भी रात के समय बाजार क्षेत्र निगरानी खातिर खटवले रहे लोग ।

बाजार गस्ति के समय मे दोकानमे चोर चोरी कर रहल अवस्था मे गौरी महरा से आमनासामना भइला पर महरा “ तोनि के हम चिन्हलेले बानी” कहला पर चोर सब महरा के मुह बान्ह के मुवावे के नियत से पीट के महरा मरगईले सोचत चोर सब उनका के खेत मे फेंक देहले रहे लोग । ओह बेरा भी केसी ही इप्रका पोखरिया के प्रमुख रहले । इप्रका पोखरिया, जनप्रतिनिधि आ स्थानीय बसिन्दा उनकर उदार कईले रहे लोग ।

महरा इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया मे किटानी जहेरी दर्ता करवले रहले । इप्रका पोखरिया के प्रनिका केसी के हिसाब से सम्मानित अदालत भी अभियुक्त के ७ साल जेल सजाय भईला के वावजूद भी पोखरिया नगरपालिका वाड नम्बर २ डमरापुर के प्रेम राम ७ बर्ष जेल सजाय कार रहल बाड़े ओइसे ही २ जना अभी ले फरार रहल बा लोग । महरा बरसो से वाड ४ के चाकुदारी के काम करत आइल आदमी हउवे ।

बाजार के सुरक्षा स्थिति प्रति कानून के बिशेष ध्यान देवे के चाही । पोखरिया नगरपालिका के नगरप्रमुख दीपनारायण रौनियार आ वाड नम्बर ४ के वाड अध्यक्ष बुधवार के सबेरे घटना स्थल मे पहुचल रहे लोग । आज शनिवार के दिन बाजार के सुरक्षा ब्यावस्था के बिषय मे बतकही होई वाड अध्यक्ष जानकारी करवले । शनिवार के बतकही के बाद सुरक्षा व्यवस्था केतना मजबूत होई देखल जाई स्थानीय लोग कहलख । नेपालपोष्ट

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here