पोखरिया मे बाबू के छुरा प्रहार से बेटा के मृत्यु

 पोखरिया मे बाबू के छुरा प्रहार से बेटा के मृत्यु

पोखरिया, २९ भादो ।

पर्सा के पोखरिया नगरपालिका वाड नम्बर ६ सीरिसिया मे बाबू के छुरा प्रहार से बेटा के मृत्यु भइल बा । स्थानीय ७० साल के लक्ष्मी साह के छुरा प्रहार से ३५ साल के बेटा माधो साह के मृत्यु भइल प्रहरी जानकारी करवले बा । छुरा प्रहार करेवाला बाबू लक्ष्मी के इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया नियन्त्रण मे लेहले बा ।

छुरा प्रहार से गम्भीर घायल भइल माधो साह के वीरगंज स्थित नेशनल मेडिकल कालेज लेजाए के समय मे रास्ते मे मृत्यु भइल इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया के प्रहरी निरीक्षक चन्द्र कुमार सिंह जानकारी करवले ।

सोमार के संझिया ७:१५ बजे लक्ष्मी बेटा माधो ऊपर छुरा प्रहार कइले रहले । छुरा प्रहार से गम्भीर घायल भइल माधो साह के शुरू मे इलाज खातिर पोखरिया अस्पताल ले गइल गइल रहे । पोखरिया अस्पताल रेफर कईला के बाद वीरगंज ले जाए के क्रम मे रास्ते मे मृत्यु भइल के जानकारी मिलल प्रहरी निरीक्षक सिंह बतवले ।

छुरा प्रहार करेवाला लक्ष्मी के नियन्त्रण मे ले के घटना के बारे मे आगा के अनुसंधान हो रहल बा सिंह जानकारी करवले । लक्ष्मी दारू पी के आईला के बाद बेटा माधो ऊपर छुरा चलवले रहले खबर मिलल बा ।

श्रोत कालिकाटाइम्स

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *