The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

प्रचण्ड के मिलल करारा जवाब- प्रदेश २ के सरकार गिरावे के सपना ना देखला से होई, सरकार यीहा बालुवाटार नईखे बेचत फिरत

काठमाण्डू, १७ बैसाख ।

संघीय समाजवादी फोरम नेपाल, पर्सा के अध्यक्ष आ सांसद प्रदीप यादव नेकपा अध्यक्ष पुष्पकमल दाहाल प्रचण्ड के दिन के ही सापना ना देखे के कहले बाड़े । प्रदेश २ मे जलदिए नेकपा के सरकार बनी प्रचण्ड के यी कहनाम के जवाफ देत सांसद यादव प्रचण्ड के हकीकत के दुनिया मे जिए के सल्लाह देहले बाड़े । प्रदेश नम्बर २ मे नेकपा के सरकार बनी जईसन अभिब्यक्ति देहल प्रचण्ड के दिन मे सपना देखल बराबर ह । दिन के सपना देखला के मतलब जहा तहा ओकरा के हकीकत बना के बोलल ठीक ना भईल ।

प्रदेश नम्बर २ के सरकार के कईल निमन काम से डेरा के प्रचण्ड जथी मन मे आवता तथी बोल रहल बाड़े यादव कहले । दोसर प्रदेश के तुलना मे प्रदेश नम्बर २ के प्रदेश सरकार बढ़िया काम कर रहल बा, यादव कहले मधेसवादी दल चला रहल सरकार बढ़िया काम कर रहल बा ओहि से नेकपा के होस उड़ गईल बा । प्रदेश नम्बर २ के सरकार बालुवाटार निखे बेच रहल क़हत सांसद यादव काटाक्ष भी कईले ।

सांसद यादव कुछ मधेसवादी दल के नेता लोग नेकपा मे प्रवेश करते ना पगलाएके निहोरा कईले । मधेसी जनता पूर्ण रूप से स्वीकार कईल नेता के पार्टी प्रवेश करा के कुछों ना होई यादव आगा कहले अगर दम बा त तत्कालीन नेकपा आ माओवादी त्याग कर के ससफ़ों मे आइल नेता कार्यकर्ता वापस बोला के देखा द । प्रदेश नम्बर २ के सरकार सफलता पूर्वक आपण सरकार चला रहल सांसद यादव विश्वास ब्याक्त कईले ।

प्रतिकृया
Loading...