प्रदेश नम्बर २ के राजधानी जनकपुर मे एगो ब्यापारी के गोली मार के हत्या

    910

    जनकपुर, ६ कार्तिक ।

    प्रदेश नम्बर २ के राजधानी जनकपुर मे आजू एगो ब्यापारी के गोली मार के हत्या कर देहल गईल । जनकपुर धाम उपमहानगरपालिका वाड नम्बर १ निवासी अंदाजन ४० साल के मनोज साह के गोली मार के हत्या कर देहल गईल । जनकपुर मुजेलिया मे स्थानीय पंकज चौधरी पेस्तोल कईल गोली प्रहार से साह के घटनास्थल मे ही मृत्यु भइल बा ।

    साह जनकपुर मे रहल शिव आयल पेट्रोल पम्प के संचालक हउवे । साह के लाश जनकपुर अञ्चल अस्पताल मे राखल गईल बा । चौधरी से पैसा मांगे गईला पर चौधरी साह के उपर गोली चलवले रहले जनकपुर प्रहरी जानकारी करवले बा । चौधरी के प्रहरी पेस्तोल सहित घर से हिरासत मे लेहले बा जनकपुर प्रहरी जानकारी देहले बा ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here