प्रदेश नम्बर २ के सांसद के मिली अब “ल्यापटप”

202

जनकपुरधाम, २२ माघ ।

प्रदेश नम्बर २ के प्रदेश सांसदन के अब ल्यापटप देहल जाइ । प्रदेश सभा के ‘पेपरलेस’ बनावे के उदेश्य से प्रदेश सभा सचिवालय सारा सांसदन के ल्यापटप देवे के निर्णय कइले बा जानकारी मिलल बा । ल्यापटप आगइल बा आ कुछ ही दिन के भीतर सब कोई के बांटा जाइ सभामुख सरोज कुमार यादव जानकारी देहेले ।

प्रदेश सभा के ‘पेपरलेस’ बनावे आ सरकार के खर्चा जोगावे खातिर सांसदन के ल्यापटप देहल जा रहल बा उ बतवले । एगो विधेयक किताब के जइसन होखेला कमति मे १५० प्रति फोटोकपि करे के पड़ी , सभामुख यादव कहले कागज, सिहाई आ प्रिन्टर कर के साल के ५ करोड़ ओहि मे खर्चा हो रहल बा । उ खर्च के रोके खातिर भी ल्यापटप देहल जा रहल बा ।

सभामुख यादव के हिसाब से अब सरकार के खर्च बचत होई आ सारा सांसद लोग बिधेयक मे कवनो कमी कमजोरी भइल बात के संशोधन सम्बन्धी कुछ बा त ल्यापटप मे ही लिख के सीधा ईमेल क सकता लोग । कवनो भी बिधेयक कागजी रूप मे अध्यन्न करत आइल प्रदेश २ के सांसद लोग अब ल्यापटप मे ही अध्यन्न करे के सुबिधा हो गइल ।

कागज, सियाही खर्चा के संघे समयके भी बचत करे के उदेश्य से ही ल्यपटप बांटल जा रहल बा सभमुख यादव बतवले ।

प्रदेश नम्बर २ मे १०७ जना सांसद बा लोग । जे मे से बहुते कोई के ल्यापटप चलावे ना आवेला । जेकरा चलावे ना आवेला उ लोग के स्वकीय सचिव चालावे के सिकइयन । माननीय लोग के अधिकृत स्तर के स्वकीय सचिव सिकावे खातिर देहल जाइ । उ लोगके  ल्यापटप सिखावे मे सहजोग करीहे ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here