प्रदेश नम्बर २ सरकार भ्रष्टाचार मे मस्त, सरकार कभी भी आउट हो सकता – प्रचण्ड

    151

    काठमाण्डू, १७ बैसाख ।

    नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (नेकपा) के अध्यक्ष आ पूर्व प्रधानमन्त्री पुष्प कमल दाहाल प्रदेश नम्बर २ पर आरोप लगावत कहले की प्रदेश नम्बर २ मे बनल वर्तमान सरकार भ्रष्टाचार मे सिर से पैर तक डूब चुकल बा । प्रचण्ड प्रदेश सरकार के चेतावत कहले की नेकपा जब चाहि तब यीहा के सरकार बदल सकता ।

    संघीय समाजवादी फोरम नेपाल आ राष्ट्रीय जनता पार्टी (राजपा) नेपाल के मिललजुलल सरकार पर प्रचण्ड आरोप लगवले की यी सरकार मधेस के जनता के हित औरी चाहत के हिसाब से काम नईखे कर रहल, मधेसी जनता के हित औरी चाहत के काम मे प्रदेश सरकार पूर्ण रूप सा असफल हो गेल बा । काठमाण्डू मे मंगरवार के दिने आयोजित एगो कार्यक्रम के सम्बोधन करत प्रचण्ड कहले की मधेस मे अभी जवन किसिम के सरकार संचालन हो रहल बा, उ ठीक नईखे । अध्यक्ष प्रचण्ड कहले की प्रदेश नम्बर २ मे कभी भी नेकपा सरकार के नेतृत्व संभाले के पर सकता ।

    प्रचण्ड आपण सम्बोधन के आगे बढ़ावत कहले यीहा भ्रष्टाचार आ बेईमानी बहुते बा । योजना निर्माण मे आदमी आदमी के फोन नम्बर रेडबुक मे दर्ज बा । अगर यीहे स्थिति बनल रहल त काबो भी नेतृत्व के जिम्मा लेवे के पर सकता । हालाकी प्रदेश नम्बर २ मे फोरम आ राजपा के सरकार संयुक्त सरकार बा । अगर प्रचण्ड के कहनाम के हिसाब से यीहा सत्ता बदल के नेकपा नेतृत्व मे सरकार बनावे के नौबत आइल त राजपा आ चाहे फोरम दुनु मे से कौनों एगो पार्टी के समर्थन नेकपा के चाही । श्रोत : हिमलिनी

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here