प्रदेश न. २ के मुख्यमन्त्री गद्दी के विवादस्पद अभिब्यक्ति “ लड़की अब लड़का के मुह प एसिड डाली “

    469

    वीरगंज, २४ माघ ।

    प्रदेश नम्बर २ के मुख्यमन्त्री मो. लालबाबू राउत गद्दी लैंगिक असमानता के सम्बोधन के बेरा एगो विवादस्पद बात बोल ले बाड़े । मुख्यमन्त्री गद्दी कार्जक्रम मे लड़कीयन के बारे मे बोलत भावना मे एतना ने बह गइले की आपन कार्जकाल मे लड़की के एतना मजबूत बनाएम की अब लड़का ना अब लड़की लाडका के मुह प एसिड डाले के सक्षम होइ ।

    सामाजिक संजाल प सार्वजनिक रूप से भाइरल हो रहल भिडियो मे मुख्यमन्त्री गद्दी मैथली भाषा मे बोलत कहरहल बाड़े….. रउवों बेटी के बारे मे सोचत बानी हमनियों बेटिये के बारे मे सोच रहल बानी । बेटियन के एतना प्रतिसप्रधि, सक्षम आ लड़ाकू बनावे के सोचत बानी की हामरा कार्जकाल मे लड़का लड़की के ना बलू अब लड़की लड़का के मुह प एसिड डाली सब ।

    उनकर अइसन अभिब्यक्ति सामाजिक सांजल प अभी चर्चा के बिषय बनल बा आ भिडियो भाइरल हो रहल बा । फेसबुक प बहुते कोई के प्रतिकृया बा की उनकर अइसन अभिब्यक्ति से महिला ससक्तिकरण  से बहुति महिला के अपराध मे सामील करे के प्रेरित करी क़हत बहुत आलोचना भी हो रहल बा ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here