जनकपुरधाम, फागुन १६

प्रदेश न. २ के मुख्यमन्त्री लालबाबू राउत गद्दी आजू मन्त्रीपरिषद के बिस्तार कईनी ह । दुसरका बेरी भईल मन्त्रीपरिषद बिस्तारमें ४ गो मन्त्री अउरी ३ गो राज्य मन्त्री बढावल गईल । सत्तात्मक गठबन्धन फोरम अउरी राजपा दुनु पार्टी के २/२ जाने आज मन्त्री पद के सपथ ग्रहण कईलख लोग उहे राज्य मन्त्री खातिर फोरम से ३ जाने सपथ लेहलख ।

मन्त्री पद के सपथ ग्रहण करे में ज्ञानेन्द्र यादव, शैलेन्द्र प्रसाद साह, नवलकिशोर साह अउरी राम नरेश राय रहनी लोग ।  उ लोग के प्रदेश प्रमुख रत्नेश्वरलाल कायस्थ एगो बडका समारोह के बिचमें पद आउर गोपनीयता के सपथ ग्रहण करवईनी । उहे समय में २ न. प्रदेश के मुख्यमन्त्री लालबाबू राउत गद्दी, मंत्रीद्वय बिजय यादव अउरी जितेन्द्र सोनल के साथ साथे बाकी सारा मन्त्रालय के सचिव, सुरक्षा निकाय के उच्च ओहदा के अफसर लोग के भी उपस्थिती रहल  ।

ओइसे ही मुख्यमन्त्री लालबाबू राउत गद्दी आजुवे राज्यमन्त्री सरोज कुमार सिंह, योगेन्द्र राय यादव आ उषा यादव के सपथ ग्रहण करवले  ।

फोरम से मन्त्रीमें सिफारिस भईलज्ञानेन्द्र यादव आन्तरिक मामिला तथा कानून आ शैलेन्द्र साह भूमि सुधार कृषि तथा सहकारी मन्त्री के जिम्मा सम्हारले । ओइसे ही राजपा से सिफारिस भईल नवल किशोर साह सामाजिक बिकास आ राम नरेश राय उधोग, बन तथा पर्यटन मन्त्रालय के जिमेवारी लेहले । राज्य मन्त्री में सरोज सिंह आन्तरिक मामिला तथा कानून, उषा यादव अर्थ आ योगेन्द्र यादव भूमि सुधार, कृषि तथा सहकारी मन्त्रालय के जिम्मेवारी पईले ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here