प्रदेश न. २ मे “बेटी बचाव आ बेटी पढ़ाव” अभियान लागू होई, मुख्यमन्त्री घोषणा कईले

158
जनकपुरधाम : १०० दिने कार्ययोजना सार्बजनिक करत अनेकन कार्य करे के घोषणा

राजेश अभिराज यादव

जनकपुर, १३ चईत

प्रदेश न. २ के मुख्यमन्त्री लालबाबू राउत आपन १०० दिने कार्ययोजना सार्वजनिक करते यी अभियान चलावे के घोषणा कईले । अभियान के तहत नया जन्मेवाला बेटी सब के हक मे प्रदेश सरकार बीमा कंपनी से साझेदारी कर के बेटी खातिर शिक्षा बीमा के नीति लियावेवाला बा ।

हिंसा पीड़ित महिला लोग नि:शुल्क एसएमएस के द्वारा आपन समस्या प्रदेश सरकार समक्ष राख़ सके के ब्यास्था करे के बतवले । सहयोग खातिर मुख्यमन्त्री के कार्यालय मे “ महिला सुरक्षा डेस्क” स्थापना करे के १०० दिने कार्ययोजना मे उल्लेख कईल बा ।

प्रदेश सरकार मुख्यमन्त्री स्वच्छता अभियान, सहिद परिवार खातिर ‘एक परिवार एक रोजगार’ कार्यक्रम, स्थानीय तह के आवासीय क्षेत्र के सड़क से जोड़े के ‘ मुख्यमन्त्री सड़क योजना ‘ आगा बढ़वले बा । ग्रामीण दलित बस्ती मे ‘ आपकी सरकार, आपके द्वार’ कार्यक्रम करे के भी प्रदेश सरकार के योजना बा ।

 हरेक जिल्ला मे स्मार्ट सिटी योजना के तहत प्रदेश सरकार आठो जिल्ला मे कम से कम एगो स्मार्ट सिटी बनावे के अवधारणा आगा बढ़वले बा । प्रदेशस्तरीय लगानी बोर्ड ही गठन करे के आ लगानीमैत्री प्रदेश के रूप मे बिकास करे के सरकारी योजना बा ।

प्रदेश न. २ मे परेवाला आठो जिल्ला मे बिशेष आर्थिक क्षेत्र घोषणा करे के, आर्थिक क्षेत्र के बंद हड़ताल मुक्त बनावे के, मछरी जोन के बिकास करे के प्रदेश सरकार बतवले बा ।

चुरे संरचना के अलग ही नीति लियावे के, बाढ़ आगलगी आ शीतलहर पीड़ित खातिर सहयोग करे के मुख्यमन्त्री राहतकोष स्थापना करे के प्रदेश सरकार के १०० दिने कार्यक्रम मे उल्लेख बा । प्रदेश सरकार कानून द्रुत गति मे तैयार करे के आ ओकर सहजीकरण खातिर अलग समिति ही बनावे के बतवले ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here