प्रदेश २ के पर्यटकिय क्षेत्र के विकास खातिर नेपाल पर्यटन बोर्ड द्वारा वीरगंज में अन्तर्क्रिया कार्यक्रम

63

बिमला गुप्ता,असार १५

प्रदेश नं. २ के पर्यटकिय क्षेत्र के विकास के खातिर वीरगंज मे नेपाल पर्यटन बोर्ड के आयोजना मे अन्तक्रिया कार्यक्रम ओरियाईल बा । नेपाल पर्यटन बोर्ड आवेवाला आर्थीक बरीष ०७६/७७ के बजेट तथा कार्यक्रम मे सम्बन्धि प्रदेश नं. २ के पर्यटकिय क्षेत्र संगे आवद्ध बहुते संघ संथा के सम्बन्धित ब्यक्तिलोग के साथ एह बिषय पर बतकहि कईले रहल ।

नेपाल पर्यटन बोर्डद्धारा संचालित भिजिट नेपाल २०२० के सफल बनावेके खतिर बर्षो से ओझेल मे परल मधेश के ऐतिहासिक तथा धार्मिक महत्व रहल पर्यटकिय जगह सबमे नेपाल पर्यटन बोर्ड के ध्यानाकर्षण भईल बा । जेकरा कारण एसो के साल मे ओझेल मे परल प्रदेश नं. २ के पर्यटकिय स्थल मे बिदेशी पर्यटकस के आकर्षण बढेवाला भईल बा ।

नेपाल पर्यटन बोर्ड अभिन ले विविध समस्या सबके कारण संक्रमण काल से गुजरहल बतावत तराई मधेश मे खुल्ला सिमा नाका भईला से भारतिय तथा अन्य देश के पर्यटकसब के लेआवेला तिन तहके सरकार के ध्यान पुहुचावे पर पर्यटन बोर्ड संचालक समिति के सदस्य दिपक महत जोड देहनी ।

प्रदेश नम्बर २ उधोग बाणिज्य संघ के वरिष्ठ उपाध्यक्ष अशोक बैध प्रदेश नं. २ मे भोजपुरी, मैथिलि थारु तथा अन्य जातजाति के बसेरा भएइला के बाद भी एह जातजाति के अन्य प्रदेश के लाखा प्रचार प्रसार तथा पर्यटन महोत्सव कईल जरुरी रहल बतवनी । विश्व मे नेपाल के चिनावेला तथा बिदेशी पर्यटक के लेआवेला मधेश के ऐतिहासीक धरोहर के संवर्द्धन तथा विकास के खातिर नेपाल पर्यटन बोर्ड के ध्यानाकर्षण भईल खुशी के खबर रहल बतावत वीरगंज महानगर के मेयर बिजय सरावगी, खुल्ला सिमा नाका के कारण भारतिय पर्यटन नेपाल अईला के समस्या के निराकरण करेके कहत पर्यटन प्रहरी के व्यस्था करेके कहनी ।

प्रदेश न. २ ही ना तराई मधेस के २२ गो जिल्ला के जोडत पर्यटकिय धरोहर सबके विश्व बजार मे चिनावे ला डिजिटल माध्यम से आपनासब लागल आ नेपाल पर्यटन बोर्ड के अभियान मधेश के पर्यटकिय धरोहरसब के छोडके पुरा ना होखेके भिजिट मधेस नेपाल अभियान के राष्ट्रिय संयोजक ओमप्रकाश सरार्फ बतवनी ।

अभिन भईल पुर्वाधार, पर्यटकिय सडक के रुटसब, होटल तथा टुरीजम कलेज टे«निङ्ग सेन्टर एतहिके सांस्कृतिक झल्काएवाला नाच लगायत बहुते बात मे पर्यटन बोर्ड के ध्यान देवे परेके कहत होटेल तथा पर्यटन व्यवसायी संघ प्रदेश नं. २ के महासचिव मोहन प्रसाद लामिछाने कुछ बुदांसब खुलस्त कइनी ।

संघ के पर्सा जिल्ला अध्यक्ष हरी पन्त प्रदेश नं. २ पर्यटकिय दृष्किोण से पिछडल अवस्था में रहल क़हत नेपाल पर्यटन बोर्ड आपन हरेक कार्जक्रम मे मधेश के समेटे के सुझाव देहनी । मधेश के समृद्धि के खातिर कृषि आ पर्यटन क्षेत्र के विकास जरुरी रहल ऊ बतवनी।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here