प्रदेश २ मे निजी स्वास्थ्य संस्था के कोरोना इलाज मे लगावल जाई, बात ना मानला पर कानूनन कारवाही होई

 प्रदेश २ मे निजी स्वास्थ्य संस्था के कोरोना इलाज मे लगावल जाई, बात ना मानला पर कानूनन कारवाही होई

जनकपुरधाम, ०२ भादो ।

प्रदेश २ सरकार निजी स्वास्थ्य संस्था तथा मेडिकल कालेजन के संघीय सरकार द्वारा निर्धारित रकम दे के कोरोना इलाज खातिर प्रयोग करे के निर्णय कईले बा ।

प्रदेश संकट व्यस्थापन केन्द्र के मंगर के बइठल बइठक यी काम खातिर सामाजिक विकास मन्त्री के सनयोजकत्व मे सुरक्षा निकाय के प्रमुख लोग समेत के राख़ के समन्वय समिति गठन कईल गइल ।

समिति मेडिकल कालेज आ निजी स्वास्थ्य संस्था से एकरा बारे मे बतकही आगा बढ़ावे के निर्णय भी कईले बा, सामाजिक विकास मन्त्री नवलकिशोर साह जानकारी देहले ।

मेडकल कालेज तथा निजी अस्पताल यदि कोभिड इलाज मे सहयोग ना करी त कारवाही तथा दर्ता खारेज खातिर संघीय सरकार मे लिख के भेजे के आ कानूनन हिसाब से कारवाही खातिर मुद्दा प्रक्रिया आगाड़ी बढ़ावे के निर्णय भइल मन्त्री साह जानकारी देहले ।

बइठक कोरोना महामारी नियन्त्रण मे बहुते बढ़िया भूमिका निर्वाह करेवाला डाक्टर, स्वास्थ्यकर्मी आ सुरक्षाकर्मी के प्रोत्साहन खातिर पुरस्कृत करे के निर्णय भी कईले बा ।

बइठक प्रदेश मे सामुदायिक स्तर मे फईल रहल कोरोना महामारी नियन्त्रण मे रहल बाधा आ सरकार द्वारा करेवला काम के बारे मे जिल्ला स्तर से ही जानकारी लेवे के प्रदेश के ४ जगह मे २/२ जिल्ला समेट के बईठक करे के निर्णय भी कईले बा ।

कोरोना महामारी नियन्त्रण मे देखल गइल जनशक्ति के अभाव के तुरन्त करार सेवा के मार्फत पूरा करे के पीसीएमसी बइठक सामाजिक बिकास मंत्रालय के निर्देशन देहले बा ।

बइठक मे मुख्यमन्त्री लालबाबू राउत कोरोना के बहुते दुखदायी आ असहज परिस्थिति मे पहिलका दायित्व नागरिक के बचावल ही ह बतवले ।

प्रदेश सरकार आ पीसीएमसी बितल समय मे कईल निर्णय भी कार्यन्वयन करे खातिर बईठक संबन्धित निकाय के निर्देशन देहले बा ।

वीरगंज, जनकपुर आ राजविराज मे अउरी पीसीआर मसिन राखे के आ गौर मे नया ल्याब जल्दी से जल्दी सञ्चालन करे के साथे महोतरी के जलेश्वर मे नया ल्याब सञ्चालन करे के निर्णय बइठक कईले बा । श्रोत अनलाइन खबर

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *