प्रदेश २ सरकारद्धारा मृतक के परिवार के ३ लाख राहत

    93

    धनुषा, आसाढ

    प्रदेश २ के सरकार बाढ मे भईल धनजन के क्षति भईला पर दुःख जाहिर करत मृतक के परिवार के ३ आ ३ लाख रोपेया राहत देवेके जानकारी करवले बा ।

    शनिचर के बईठल मन्त्रिपरिषद् के आकस्मिक बैठक से राहत आ उद्धार के आगे बढावत मृतक के परिवारजन के राहत मे ३ लाख रोपेया देवेके निर्णय कईले बा । एकरा सोथे राहत तथा उद्धार के खातिर हरेक जिल्ला के विपद् व्यवस्थापन समिति के तत्काल के खातिर १०आ१० लाख रोपेयपा उपलब्ध करावेके निर्णय तक कईल बा ।

    मन्त्रिपरिषद् के बैठक राहत आ उद्धार मे खटल नेपाली सेना, नेपाल प्रहरी, सशस्त्र प्रहरी, स्वयंसेवक सभन के धन्यवाद देहत राहत तथा उद्धार मे जुटल प्रदेश भरके युवा सभन के आह्वान तक कईले बा ।

    बाढ के कारण सभि रास्तासब बन्द भईल अवस्था मे राहत आ उद्धार के खातिर संघीय सरकारसँगे समन्वय करके हेलिकप्टर मगांवेके कोशिस होरहल प्रदेश २ सरकार के प्रवक्ता एवं आन्तरिक मामिला तथा कानुन मन्त्री ज्ञानेन्द्र यादव जानकारी देहनी ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here