प्रदेश–२ : सोनाम ल्होसार मे सार्वजनिक छुट्टि

98

पर्सा । माघ १९ ।

प्रदेश २ के सरकार सोनाम ल्होसार मे सार्वजनिक छुट्टि देवेके घोषणा कईले बा । मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत सोनाम ल्होसार के दिन माघ २२ गते सार्वजनिक छुट्टि देवेके घोषणा कईलन ।

एहसे पहिले संघीय सरकार सोनाम ल्होसार के छुट्टि कटौती कईला बाद भी प्रदेश सरकार सार्वजनिक छुट्टि देवेवाला भईल बा । पर्सा के ठोरी गावँपालिका सुर्वणपुर के बाघमोर्चा मे शनिश्चर के आयोजित सोनाम ल्होछार बृहत सांस्कृतिक कार्यक्रम मे बोलत मुख्यमन्त्री राउत ल्होसार मे छुट्टि देवेके घोषणा कईलन ।

‘प्रदेश २ मे एक लाख १५ हजार तामाङ जाति के बसेरा बा । मुख्यमन्त्री मे निर्वाचित भईला बाद पहिलका बेर ठोरी गावँपालिका मे पहुचके राउत कहनी “ठोरी गाँवपालिकासँगे हमर विशेष लगाव आ स्नेह रहल कहत उहाके ठोरी के विकास आपन प्राथमिकता मे रहल बतवनी ।

‘ठोरी गावँपालिका के विकास के खातिर आवश्यक पूर्वाधार के तथ्याङक दि’, मुख्यमन्त्री राउत कहनी, ‘प्रदेश सरकार योजना लेआई ।’

सोनाम ल्होसार बृहत सांस्कृतिक कार्यक्रम आयोजक समिति के अध्यक्ष तेउरे पाख्रिन के अध्यक्षता मे भइल कार्जक्रम मे पर्सा के सिडिओ नारायण प्रसाद भटटराई, एसपि रेवती ढकाल, सशस्त्र प्रहरी उपरीक्षक प्रेमध्वज शाह, जिल्ला समन्वय समिति पर्सा के उपसभापति ठाकुर न्यौपाने, प्रदेशसभा सदस्य सिहासन साह कलवार, जन्नत अन्सारी, ठोरी गावपालिका के अध्यक्ष पदमलाल श्रेष्ठ, जगरनापुर गावपालिक के अध्यक्ष जालीम मिया, छिपहरमाई गाउँपालिका के अध्यक्ष मनोज कलवार लगाएत के उपस्थिति रहे ।अन्नपूर्ण पोस्ट

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here