प्रधानमन्त्री ओली आ माओवादी अध्यक्ष प्रचण्ड के विरोध में मुद्दा

86

२०७४/१२/१४, वीरगंज

प्रधानमन्त्री ओली आ माओवादी अध्यक्ष प्रचण्ड के नाम में हाजिरी पुर्जी कटल बा। विप्लव के ‘केन्द्रीय जनअदालत’, रोल्पा में १५ दिन के भीतर दुनु आदमी के उपस्थित होखे के पुर्जी में लिखल बा आ १५ दिन के भित्र उपस्थित ना भईला पर केन्द्रीय जनअदालत के अनुसार कारवाही होखी कहके लिखल बा।

प्रधानमन्त्री ओली के कहला पर विराटनगर आ धनकुटा में विप्लव के कार्यकर्तासब के गिरफ्तार कराईला के कारण प्रधानमन्त्री ओली के उपर आरोप लागल बा कहके पुर्जी में लिखल बा ।

ओइसेही माओवादी अध्यक्ष प्रचण्ड के उपर- जनयुद्ध के शान्ति प्रक्रिया बाद विश्वासघात करके आ बन्दुक दुश्मन के बुझावेको आरोप लागल बा। विभिन्न विधुत आयोजना आ समझौता भारतीय कम्पनी से कईला के कारण प्रचण्ड पर अरोप लागल बा। ओइसेही विप्लव के कार्यकर्ता पर गोली चलावेके आ गिरफ्तार करावेके के कारण आरोप लागल बा।

सरकार विप्लव के पक्रेके खातिर पुर्जी कटले रहे त ओकर जवाबी पत्र में विप्लव अइसन पुर्जी कटले बा।          

पुरजी पढ़ीं…..


स्रोत: इह्ह समाचार रिपब्लिका के पत्रकार अशोक दाहाल के ट्विटर पर आधारित बा। 

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here