प्रदेश-२ में मेगाप्रोजेक्ट के रूप में कैंसर अस्पताल खोले सम्बन्धि विचार-विमर्श कार्यक्रम वीरगंज में सम्पन्न

110

वीरगंज, पूस १५ “स्वास्थ्य ही धन बा।

स्वास्थ्य बिना कवनो सृजनात्मक काम नईखे हो सकत।” ईहे सोचके साथे २०७५ पूस १४ गते सनिचर के दिन नेपाल के प्रवेश द्वार आ आर्थिक राजधानी वीरगंज में वीरगंज महानगरपालिका के सभा कक्ष में प्रदेश-२ में “कैंसर अस्पताल स्थापना सम्भाव्यता अध्ययन टोली” द्वारा ज़िला स्तरीय विचार-विमर्श तथा सुझाव संकलन खातिर कार्यक्रम सम्पन्न भईल।

एह कार्यक्रम में प्रदेश-२ में मेगाप्रोजेक्ट के रूप में एगो कैंसर अस्पताल खोले खातिर भरतपुर के बी पी कोईराला कैंसर अस्पताल में कार्यरत वरिष्ठ डाक्टर लक्ष्मी नारायण सिंह द्वारा पूरा प्रोजेक्ट के संरचना सम्बन्धि प्रस्तुति देहल गईल। अस्पतालों के परिकल्पना देखावत डाक्टर लक्ष्मी नारायण सिंह बतवनी कि प्रदेश-२ में कैंसर अस्पताल खोलल हरेक दृष्टिकोण से उपयुक्त बा। प्रदेश -२ में एक-दोसरा से ना लागेवाला बेमारी के पीड़ित होखेवाला के संख्या बढ़ रहल बा। विकासशील देश भईला से उपयुक्त उपचार तक मरीज़ के पहुँच के स्थिति कमज़ोर बा। उपचार में सहज पहुँच के अभाव, उपयुक्त अस्पताल के अभाव, समय से सुविधा सम्पन्न अस्पताल तक ना पहुँचला से असमय ही मृत्यु होखेवाला के संख्या बढ़त जा रहल बा।

प्रति एक लाख में १४१.६ मरीज़ नेपाल में कैंसर से मर जाला जवन कि बहुत ज़्यादा बा। अभी कैंसर के उपचार होखेवाला अस्पताल बी. पी. कोईराला अस्पताल प्रदेश-३ में बा। जहवाँ ४० से ५० प्रतिशत मरीज़ ख़ाली प्रदेश-२ से पुगेला। ओहिसे प्रदेश-२ में एगो मेगाप्रोजेक्ट के रूप में कैंसर अस्पताल खुलल समय के माँग बा।

उहाँ आगे बतवनी कि एह मेगाप्रोजेक्ट में लगभग १० अरब के लगानी के योजना बा जवन कि सरकार, जनता, व्यवसायी, एनजीओ आदि के सहयोग से होई। विचार-विमर्श के क्रम में आपन राय राखत गाउपलिका के अध्यक्ष ज़ालिम मियाँ कहनी कि पर्सा ज़िला के वीरगंज एह अस्पताल ला एकदम उपयुक्त होई। चाहे जेतना भी संसाधन चाहीं वीरगंजवासी देवे ला तईयार बा। काहे कि हरेक दृष्टिकोण से वीरगंज सक्षम बा। कार्यक्रम में उपस्थित सबकेहू एक स्वर में अस्पताल खुले के प्रति सहमती जतावत पर्सा ज़िला में ही खोले के अनुरोध कईलख लोग।

एह कार्यक्रम में मुख्य अतिथि के रूप में वीरगंज के उप-मेयर शान्ति कार्की उपस्थित रहली। कार्यक्रम में वरिष्ठ डाक्टर भोला रौनियार, डाक्टर राम औतार प्रसाद खेतान, डाक्टर वी के झा, डाक्टर रीता महासेठ, राजपा के नेता नेजामुद्दीन सेमानी, युवा नेता ओमप्रकाश सर्राफ़, सामाजिक कार्यकर्ता मोनिका सिंह, चंचला दास, नेपाल भोजपुरी समाज के सचिव रितु राज, कालिकामाई गाउपलिका के अध्यक्ष नथुनी प्रसाद आदि के उपस्थिति रहे लोग।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here