प्रसौनी गांवपालिका मे भोजपुरी अश्लील गीत आ तेज आवाज मे DJ बजावल बन्द

249

बीरगंज, ६ जेठ ।

बारा जिल्ला के प्रसौनी गांवपालिका मे अश्लील भोजपुरी गीत बजावे पर निषेध कईल गईल । प्रसौनी गांवपालिका के पूरा गांवपालिका वाड कार्यालय, प्रसौनी गांवपालिका, इनरवासिरा प्रहरी चौकी आ गण्डक अस्थायी प्रहरी चौकी के रहबर मे बईठल बईठक से निर्णय कर के प्रसौनी गांवपालिका के वाड न. १ से ले के वाड न. ७ तक पूरे गांवपालिका मे भोजपुरी अश्लील गीत निषेध कईल गईल ।

बारात आ पार्टी कार्यक्रम मे दोसरा के असर पाहुचा के DJ बजावला पर भी रोक लगावल गईल । अश्लील भोजपुरी गीतन से समाज मे नकारात्मक असर पर रहल बा आ DJ से ध्वनि प्रदूषण हो रहला से गांवपालिका अइसन निर्णय कर के अश्लील गीत बजावे पर आ तेज साऊण्ड मे DJ बजावे पर रोक लगवलख ।  गांवपालिका के निर्णय उलंघन कईला पर एक हजार (रु. १०००) जुर्माना भी लगवाल गईल बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here