प्रसौनी गा.पा. – ३ नौतन मे निःशुल्क आँख चेकजाँच शिविर पूरा

150

वीरगंज २२ माघ,

बारा जिल्ला के प्रसौनी गाँवपालिका वार्ड नं.–३ नौतन में निःशुल्क आँख चेकजाँच शिविर पुरा भइल बा । वार्ड समिति के आयोजना आ किरण आँखा अस्पताल वीरगंज के सहजोग में आयोजना कइल शिविर में २७५ जने के आँख चेकजाँच कइला में ७५ जने में मोतियाबिन्दु मिलल शिविर में सहभागी अस्पताल के डाक्टर बन्दना क्याल बतवनी ।

प्रसौनी गा.पा.–३ नौतन में रहल श्री राम जानकी ने.रा.नि.मा.वि. के प्राङ्गण में भइल शिविर में निःशुल्क दवाई आ चश्मा भी बाँटल गइल रहे । मोतियाबिन्दु भइल के मँगनी में अस्पताल अप्रेशन करी कहके वार्ड अध्यक्ष बैजनाथ गूप्ता बतवनी ।

शिविर में अस्पताल के डाक्टर अमर क्याल, बन्दना क्याल लगायत के टोली आँख चेकजाँच कइले रहे । वार्ड अध्यक्ष बैजनाथ गूप्ता के अध्यक्षता में भइल कार्जक्रम में वार्ड सदस्य दिपन साह, वार्ड सदस्य इन्द्रदेव गुप्ता, वार्ड सचिव राजवंशी यादव लागायत के सहभागीता रहल स्थानीय अकबर हवारी बतवनी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here