प्रहरी आ गाँजा तस्कर बिच भईल मुठभेड़

160

आस, गौशाला, सावन २ ।

महोत्तरी जिल्ला में गाँजा तस्करी पकड़े गईल प्रहरी आ गाँजा तस्कर बिच दुनुओर से करीब २० मिनेट मुठभेड़ भईल बा । मुठभेड़ में तस्कर सब भाग में सफल रहे माकिर ओकनी से ३३ किलो गाँजा पकड़े में प्रहरी सफल भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय महोत्तरी के निमित कार्यालय प्रमुख तथा प्रवक्ता डिएसपी खगेन्द्र बहादुर खड्का बतवनी ।

जिल्ला के एकडारा गांवपालिका के वार्ड नं. ३ अजमरपट्टी गाँव के रास्ता होके भारत के सुरसण्ड में बिक्री खातिर गाँजा लेजारहल गोप्य सुचना के आधार पर डिएसपी खड्का के कमाण्ड में रहल समूह से तस्कर सब से दोहरा मुठभेड़ भईल रहे ।

१ सावन मंगर के रात के करिब १० बजे भईल उक्त मुठभेड़ में तस्कर पक्ष से ३ से ४ राउण्ड गोली चलल आ जवाब में प्रहरी ओर से भी ४ राउण्ड गोली चलवला बाद भी तस्कर सब भागे में सफल भईल प्रहरी बतवले बा।

डिसपी खड्का के मुताबिक मुठभेड़ में तस्कर सब गाँजा छोड़ के भगला से जुट के बोरा भितर प्लाष्टिक के थैला में  राखल गाँजा मिलल बतवनी ।

बितल महिना ही प्रहरी द्वारा उहे जगह के दु गो घर एस एक सय ८६ किलो तयारी गाँजा पकडल गईल रहे । पिछिलका आर्थिक वर्ष में ही प्रहरी द्वारा दु सय नौ किलो एक सय १० ग्राम तयारी गाँजा महोत्तरी के अनेकन स्थान से पकडले रहे ।

विगत में महोत्तरी जिल्ला में गाँजा के व्यापक खेती होत रहे बाक़िर अभिन आके बहोत कम मात्रा में खेती होरहला के बाबजूद भी दोसर जिल्ला से गाँजा व्यापक रुप में आयात भईला से गाँजा तस्करी अभियो नियन्त्रण नईखे होखे सकल । खुल्ला सीमाना आ अनेकन चोर रास्ता के कारण नेपाल से वर्षेनी सकड़ों किलो गाँजा भारत जारहला से नियन्त्रण में समस्या आ रहल बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here