प्रहरी के पिटाई से बच्चा खातिर दूध किने निकलल होटल व्यशायीके गोड टुटल

1132

वीरगज, ५ जेठ ।

वीरगंज मे दिन पर दिन प्रहरी के ज्यादती बढ़ रहल बा । कबो पत्रकार के साथे दुर्व्यवहार, कबो स्वास्थ्यकर्मी के साथे त कबो बैंकर्स के साथे अब बच्चा खातिर घर से दूध किने निकलल वीरगंज के एगो होटल ब्यावशायी के प्रहरी के पिटाई से गोड टुटल गइल बा ।

वीरगंज बसपार्क से सबेरे ६:०० बजे बच्चा खातिर दूध किने निकलल होटल व्यवशायी नगेन्द्र पटेल के बसपार्क मे कार्यरत असई लालबाबू साह के पिटाई से गोड टुटल बा पीड़ित के पुत्र गुंजन पटेल जानकारी करवले ।

पीड़ित पक्ष आपनवीरगंज से बात करत घर मे २ गो छोट बच्चा बा सब उ लोग खातिर ही दूध किने हम बाहर निकलल रहनी साह बिना कुछ पुछले अभद्र भाषा मे गारी देत पीटे लगले बतवले । साह के पिटाई से हम रोड पर ठेहुना के भरे गिर गईनी जेकरा कारण हमार गोड टुटल, पीड़ित आपन ओरहन सुनवले । पीड़ित के कहनाम रहल की हम गिरते साह भाग गईले आ कुछ परिचित लोग घरे ले के आइल । नेशनल मेडिकल मे गइला पर डाक्टर के कहनाम अनुसार गोड टूट गईल बा  अब पलस्तर कर के ३ महिना के रेस्ट खातिर डाक्टर सल्लाह देहले बा ।

प्रहरी के ज्यादती देख के नेपाल बिधार्थी संघ पीड़ित के उचित न्याय मांग करत दोषी उपर कडा से कडा करवाही करे के संबन्धित निकाय से मांग कईले बा नभइला पर प्रहरी विरुद्ध आन्दोलन मे उतरे के जानकारी बिधार्थी संघ पर्सा जिल्ला के सभापति बिकास तिवारी करवले ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here