प्रहरी दुर्ब्यावहार के चलते ठाकुर राम क्याम्पस के बिधार्थी संगठन देहलख आन्दोलन के चेतावनी

98
ठाकुर राम आ बिधार्थी संगठन के बिज्ञाप्ति

बीरगंज, १६ चईत

बीरगंज ठाकुर राम बहुमुखी क्याम्पस मे प्रहरी बिधार्थी नेता लोग के संघे कईल दुर्ब्यावहार के क्याम्पस प्रशासन घोर आपति जनवलख । शुक के दिने क्याम्पस प्रशासन आ बिधार्थी संगठन के नेता बीच भईल बईठक मे प्रहरी के कईल दुर्ब्यावहार के निंदा करत दोषी उपर करवाही करे के मांग समेत कईले ।

बईठक के बाद क्याम्पस प्रमुख प्रमोद कुमार कुशवाहा के निकालल बिज्ञाप्ति मे बियफे के दिन क्याम्पस मे स्नातकोतर तह के परीक्षा हो रहल के समय मे एक जने प्राध्यापक आ कर्मचारी संघे सुरक्षा खातिर खटल प्रहरी के बीच आपसी असमझदारी के कारण भईल विवाद मे प्रहरी बिधार्थी नेता के संघे दुर्ब्यावहार करते अपना नियन्त्रण मे लेहले रहले । क्याम्पस से जारी भईल बिज्ञाप्ति मे क्याम्पस शिक्षा के मन्दिर होखला के कारण सौहार्दपूर्ण बातावरण बनावे खातिर संबन्धित सारा पक्ष के बिनती कईल बा ।

क्याम्पस के प्रनांगन मे भईल यी घटना के निंदा करत बिधार्थी संगठनलोग भी बिज्ञाप्ति निकलले बा । मर्यादित तरीका से परीक्षा चलत समय मे प्रहरी आ प्राध्यापक कर्मचारी के बीच भईल विवाद के समाधान करे पहुचल बिधार्थी नेता के संघे प्रहरी दुर्ब्यावहार कईलख क्याम्पस प्रशासन आरोप लगवले बा ।

प्रहरी नेबिसंघ के नेता मनोज साह आ अनेरास्वबियु क्रांतिकारी के इकाई अध्यक्ष संदीप बिक्रम साह के २ घंटा नियन्त्रण मे राख़ के छोडले रहे बिज्ञाप्ति मे उल्लेख कईल बा । ठाकुर राम के नेबिसंघ, अनेरास्वबियु आ अनेरास्वबियु क्रांतिकारी इकाई बिज्ञाप्ति निकाल के दोषी प्रहरी यदि २४ घण्टा के भीतर माफी ना मांगी त आन्दोलन करे के चेतावनी देहले बा लोग ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here