प्रहरी प्रशासनके संचारकर्मी अवरोध करे के रणनीति प पत्रकार महासंघके चेतावनी

    269

    वीरगंज, ६ जेठ ।

    स्थानीय प्रशासन आ सुरक्षा निकायके तरफ से संचारकर्मी लोगके काम मे अवरोध खड़ा करेके रणनीति हो रहल बा क़हत पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा आपति जनावत बिज्ञाप्ति जारी कईले बा । कार्यवाहक अध्यक्ष अनूप तिवारी द्वारा जारी बिज्ञाप्तिमे कहल बा, समाजके अइनकके रूपमे रहल पत्रकार जगतके जनताके सूचित करावेके अधिकार से बंचीत राखेके आ आपन मनमौजी करे खातिर प्रहरी प्रशासन पर्साके पत्रकारनके अवरोध करेके रणनीति लियावलासे अइसन ना करेके चेतावनी देहल गईल बा ।

    दुर्भाग्य से हमनीके दु गो संघतिया नारायणी अस्पतालके आइसोलेशनमे कोरोनाके पराजित करे खातिर संघर्षरत बा लोग । उ लोगके स्वास्थ्यके अवस्था सामान्य बा जानकारी करावत पूर्ण स्वस्थ्य लाभके कामना भी कईल गईल बा । उ लोग आइसोलेशन मे पहुचला पर आइसोलेशन वार्डके पीड़ा आ अवस्थामे सुखद परिवर्तन भईल बा यी चारुओर पुरजोर चर्चा बा बिज्ञाप्ति मे जनावल गईल बा ।

    पत्रकार पहुचला पर संबन्धित निकायके गैरजिम्मेवारीपन, भ्रष्टाचारी, लापरवाहीके अन्त्य होखत स्थिति सुधारके राह पर चल पडेला यी बातके एगो उदाहरण खाली ह । पर अभी स्थानीय प्रशासन आ सरकार पत्रकारनके आवश्यक समाचार संकलनमे अवरोध पाहुचावत आपना हिसाब से मनमौजी कर रहल बा । हमनी सब कोई एक जुट हो के यी बिकट अवस्थामे नागरिक खातिर खबरदारी कईल जाव ।

    बहुत ज़रूरियात भिजुवल, तस्वीर समेतके समाचार सामाग्री लेवेके समय ही खाली घर से निकली आ सवारीके प्रयोग करी अपने सुरक्षित रही आ सावधान हो के भीड़भाड़ ना होखेवाला संचारकर्ममे पत्रकार खटल अवस्थामे स्थानीय प्रशासन अवरोध सृजना ना करेके भी चेतावनी सहित निहोरा कईल बा ।

    अभीके माहामारीमे कइसे अपने आपके, समाज आ राष्ट्रके सुरक्षति रखल जा सकता आ कोरोनाके कारण बनल अवस्थाके व्यवस्थापन करे करावे हमनीमे पहिलका डेग जरूरी रहल बा । साथ मे यी असहज अवस्थामे पर्सामे प्रहरी आलोकतांत्रिक प्रबृतीके कारण अउरी त्रासित स्थिति बनत जा रहल बा ।

    पत्रकार तिवारी यादवके घटना सम्बंधमे पत्रकार महासंघके शुरू कईल आन्दोलन प्रतिकूल अवस्थाके कारण कुछ दिनके खातिर सुस्त भइला पर भी दोषी प्रहरी उपर छानबिन करके करवाही करेके हमनीके मांग अभी भी यथावत ही बा बिज्ञाप्ति द्वारा जानकारी करावल गईल बा ।

    परिस्थितिके हिसाब से आन्दोलनके तरीका खाली बदलके अपनाके अनुकूल हो के अपना अपना संचार माध्यम, सामाजिक संजाल आ वर्तमान अवस्थामे सरकारके कईल लकडाउनके पूर्णरूप से पालन करत घर भा एकांतवास से ही आन्दोलन जारी राखे खातिर सभी संचारकर्मी लोगके निहोरा कईल गईल बा ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here