The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

प्रहरी सरसफाईकर्मी के पिटलस, बिरोध मे वीरगंज के सरसफाई के काम बन्द

वीरगंज, १७ जेठ ।

पर्सा प्रहरी के दिन प दिन बढ़त अत्याचार देखल जा रहल बा । कोई के ऊपर लाठी चार्ज, कोई के बिना बात डाटे के आ पीटे के समाचार आईला के बाद साधारण जनता मे प्रहरी के मान मर्यादा दिन प दिन घटत देखल जा रहल बा ।

शनिचर के फेरु प्रहरी के अइसनके घटना सार्वजनिक भइल बा । वीरगंज महानगपलिका के सरसफ़ाई मे खटल एगो कर्मचारी के प्रहरी निर्दयीता पूर्वक पिटले बा । प्रहरी के यी मनबढू स्वभाव के विरोध मे सफाई कर्मचारी आज से साफ़ाई के काम रोकला के बाद वीरगंज महानगरपालिका के कचरा नईखे व्यवस्थापन होखे सकल ।

वीरगंज महानगरपलिका के ठेक्का मार्फत आ महानगरपालिका के ही सरसफ़ाई कर्मचारीलोग मार्फत कचरा उठात आइल लकडाउन के समय मे सरसफ़ाई मे खटल कर्मचारीयन के प्रहरी पिटला आ दुर्व्यवहार कइला के बाद उ लोग कचरा उठावल छोडले बा लोग ।

बियफे के सरसफ़ाई शाखा के कर्मचारी छोटेलाल प्रसाद कुशवाहा के प्रहरी पीट के मोटरसाइकिल छिन के दुर्व्यवहार कइले रहे । घटना के बारे मे पर्सा के प्रहरी उपरीक्षक गंगा पन्त से ओरहन देहला पर उल्टे हंस के चल गईली आ कवनों जबाफ ना देहला के बाद कर्मचारी लोग काम मे ना आइल सरसफाई के ठेकेदार कम्पनी पृथ्वी तारा एन के इंटेरनेशनल जेभी के निर्देशक शिव गुप्ता संचारकर्मी के जनकरी करवले ।

सरसफाई कर्मचारी कचरा उठावे ना आईला के बाद वीरगंज महानगरपालिका के मेयर विजय कुमार सरावगी के जानकारी करावल गईल आ मेयर सरावगी प्रमुख जिल्ला अधिकारी विष्णु कुमार कार्की आ प्रहरी उपरीक्षक गंगा पन्त से मिल के समन्वय कर के फेर सफाई कर्मचारी के काम मे वापस बोलवले रहले ।

पर काल्ह संझिया फेरु ठेला पर जम्मा भइल कचरा ट्रेक्टर मे डाल के ल्याण्डफील्ड साइट ओर ले जात समय वीरगंज के माईस्थान के लगे डीऊटी मे रहल प्रहरी सफाई कर्मचारी के अवरोध क के दुर्व्यवहार कईला के बाद आजू से फेरु सफाई कर्मचारी काम मे ना आईला से महानगरपालिका के कचरा नईखे उठल ।

कोरोना के महामारी मे भी जान के जोखिम मे डाल के सरसफाई मे खटल कर्मचारी ऊपर प्रहरी प्रशासन के बेर बेर बिना काम दुख देवे के कारण समस्या हो रहल ठेकेदार गुप्ता जानकारी करवले । सड़क मे डीउटी मे रहल प्रहरी के सरसफ़ाई कर्मचारी परिचय पत्र देखा के गृहमन्त्रालय द्वारा कईल परिपत्र देखावला पर भी प्रहरी कवन ह गृहमन्त्रालय ? हमनी गृहमन्त्रालय के ना मानेनी यीहा के एसपी से जवन आदेश होला उहे मानेनी क़हत जबाब देवेला लोग सरसफाई कर्मचारी ओरहन सुनवले । लकडाउन के प्रभावकारी कार्यान्वयन करावे के नाम पर मनमर्जी कर रहल बा लोग क़हत प्रहरी प्रशासन सर्वत्र आलोचना होते आइल बा ।

वीरगंज महानगरपालिका के मेयर सरावगी भी स्थानीय प्रहरी प्रशासन से समन्वयकारी भूमिका निर्वाह ना कईल के सिकायत कईले बाड़े । महानगरपालिका के सरसफाई कर्मचारी के रोज प्रहरी द्वारा देहाल दुख के कारण सरसफाई भी प्रभावित हो रहल बा ।

बहूते ज़रूरियात काम मे खटल स्वास्थ्यकर्मी, कर्मचारी, सरसफाईकर्मी, खदान ब्यावशायी, दवाई दोकान, आ संचारकर्मी ही ना नागरिक समाज भी प्रहरी के कार्यशैली से असंतुष्ट ब्याक्त कईले बा लोग । नागरिक समाज लकडाउन के पालना के नाम पर प्रहरी आक्रामक रूप मे प्रस्तुत हो के निर्दयीता पुर्बक पीटपाट करे पर उतार चुकल बा यी बहुते दुख के बात ब क़हत नागरिक समाज प्रहरी के कार्यशैली सुधार करे के निहोरा कईले बा ।

प्रहरी के कार्यशौली मे सुधार ना आई त नागरिक समाज जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा मे पाहुच के प्रमुख जिला अधिकारी के ज्ञापन पत्र देवे के तैयारी मे रहल नागरिक समाज के एगो सदस्य जानकारी करवले । कालिका टाइम्स

प्रतिकृया
Loading...