प्रहरी हिरासत से ही राउत के समर्थकसब द्वारा आमरण अनसन शुरु

146

वीरगंज, ८ कार्तिक ।

स्वतन्त्र मधेस के मांग करत आईल सिके राउत के रिहाई के मांग करत उनकर कार्यकर्ता लोग द्वारा वीरगंज स्थित प्रहरी हिरासत से ही आमरण अनसन शुरु कईले बा । बितल कुआर २१ गते सिके राउत के रौतहट प्रहरी  जिल्ला अदालत से लवटत बेर पकडले रहे ।

राजद्रोह के मुद्दा लागल राउत के पुन: ओहि मुद्दा पर पकडल उचित ना रहल क़हत उच्च अदालत के अस्थायी इजलास वीरगंज में कुआर २८ गते रिट परला के बाद बहस खातिर राउत के वीरगंज लियावल गइल रहे । 

उच्च अदालत के अस्थायी इजलास वीरगंज के परिसर में प्रहरी प्रशासन आ अदालत विरुद्ध नारावाजी करत बेर राउत के ४ जने महिला सहित २८ समर्थक लोग के पकडले रहे । पकड़ाइल २८ समर्थक लोग द्वारा वडा प्रहरी कार्यलय विर्ता के प्रहरी हिरासत से ही अनसन शुरु कईले बा लोग । संयोजक राउत विरुद्ध के मुद्दा के फरछोट ना कईला के चलते उनकर समर्थक लोग द्वारा अनसन शुरु कईल जिल्ला संयोजक संजय साह द्वारा जानकारी देहल गईल बा । साभार – अंकुश दैनिक 

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here