प्रादेशिक राजधानी के मागं करत बीरगंज मे जारी रहल अनशन मे राजपा नेतृ लोग के भि सहभागिता

149

वीरगंज, २२ माघ
वीरगंज के राजधानी बनावे खातिर जारी आन्दोलन अन्तर्गत रिले अनशन आजु ३३ वां दिन भी जारी रहल । २ नं. प्रदेश के अस्थायी राजधानी नेपाल सरकार से जनकपुर घोषणा होते बीरगंज के घण्टाघर मे शुरु भईल रिले अनशन ३३ वां दिन भि जारी रहल बा। २ नं. प्रदेश के स्थायी राजधानी बीरगंज घोषणा के मांग राखत होरहल आन्दोलन के कार्यक्रम अन्तर्गत के ३३ वां दिन के रिले अनशन मे राजपा के केन्द्रिय सदस्य नेतृ रम्भा मिश्रा सहित अउर नेतृ लोगिन के सहभागिता रहल । मिश्र के साथे केन्द्रिय सदस्य उषा श्रीवास्तव, पर्सा जिल्ला सदस्य बिन्दु श्रीवास्तव, अजीता देवी अनशन बइठल रहे लोग । एसे पहिले काल्हु आन्दोलन के कार्यक्रम अन्तर्गत वीरगंज बन्द भी भइल रहे त आजु फेर से वीरगंज संघर्ष समिति के बइठक करके अउर आन्दोलन के कार्यक्रम समिति घोषणा करे वाला बा।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here