प्रेम सम्बंध तुरला पर प्रेमिका कटली प्रेमी के गोप्य अङ्ग

591

काठमाण्डू, २४ अगहन ।

प्रेम मे धोखा मिलला के बाद आदमी का का ना करेला ? हाथ के नश काटल, माहुर खाइल, फंसरी लगा के झुलल अनेकन तरीका से आत्महत्या के प्रयास कौनों नया बात ना ह । ओइसे ही काठमाण्डू मे भी एगो आश्चर्ज के घटना घटल बा ।

महानगर प्रहरी के हिसाब से प्रेम समबन्ध सफल ना होई सोच के १९ साल के एगो लड़की आपन प्रेमी के गोप्य अङ्ग काट देहले बाड़ी । यी घटना मे मकवानपुर निवासी अभी काठमाण्डू के बौद्ध मे रहरहल २१ साल के सुनवार घायल भईल बाड़े ।

घायल आदमी काठमाण्डू मे एगो होटल मे कार्यरत बाड़े । महानगर के बौद्ध के डीएसपी रमेश बहादुर सिंह के हिसाब से सुनुवार के ॐ अस्पताल के आईसीयू मे राख़ के ईलाज हो रहल बा ।

प्रहरी के हिसाब से घायल सुनुवार के गोप्य अङ्ग आधा कट गईल बा आ लड़की के हाथ मे भी चोट लागल बा ।

प्रहरी के कहनाम बा की लड़का क्रिश्चन आ लड़की बौद्ध धर्मी हउवे लोग आ बीतल एक साल से दुनु प्रेम सम्बंध मे रहले लोग अभी आ के दुनु के प्रेम सम्बंध टुटल रहल ह । घर के लोग नईखे मानत क़हत लड़का यी सम्बंध के यीहे खतम करे के कहत अन्तिम मिलन मे यी घटना घटल प्रहरी के कहनाम बा ।

प्रहरी लड़की के साथ साथे घटना मे प्रयोग भईल चक्कू भी बरामद कर चुकल बा । लड़की के उपर जान से मारे मे मुद्दा मे म्याद बढ़ा के अनुसंधान आगा बढ़ावे के तैयारी हो रहल बा बौद्ध प्रहरी जानकारी देहले बा । अनलाइन खबर

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here