प्रेस चौतारी नेपाल पर्सा के आयोजना मे होली मिलन समारोह

120
नेपाल पत्रकार महासंघ, पर्सा के अध्यक्ष श्याम बंजारा कार्यक्रम के प्रमुख अतिथी सांसद प्रदिप यादव के अबिर लगावत । फोटो : एस.के. सुमन

वीरगंज (पर्सा), १४ फागुन
प्रेस चौतारी नेपाल पर्सा के आयोजना मे आजु वीरगंज मे होली मिलन समारोह सम्पन्न भइल बा । आवाज एफ.एम. मे भइल कार्यक्रम मे होली के शुभकामना मन्तब्य राखत वक्ता लोग वीरगंज आ पर्सा के सवाल पर सब केहुके एक होखे के बात पर जोड देहलख लोग । कार्यक्रम के प्रमुख अतिथी पर्सा निर्वाचन क्षेत्र नं. १ के सांसद प्रदिप यादव संविधान संसोधन जरुरी रहल बतवनी । बाबु के जन्मसिद्ध नागरिकता बा बाक़िर बेटा आ बेटी के नागरिक ना बनरहल जइसन समस्या के चलते संबिधान संसोधन जरुरी रहल बतइनी । वीरगंज राजधानी के सवाल पर उहाँ के राजपा, फोरम आ एमाले के जनकपुर राजधानी बनावे के भित्री मन ना रहल बतइनी । राजधानी खातिर भोट होखे के समय मे २ नं. प्रदेश के मुख्य मन्त्री लालबाबु राउत गद्दी भि वीरगंज के पक्ष मे ही भोट देवेके उहाँ के दाबी कइनी ।


प्रेस चौतारी पर्सा द्धारा आयोजित होली मिलन समाहरोह के अतिथी लोग । फोटो : एस.के. सुमन

अईसही पूर्व सांसद राजकुमार गुप्ता नेपाल के जनता के चाहना अनुसार के केपी ओली नेतृत्व के सरकार बनल बतावत अब मुलुक समृद्धि तर्फ जाएके बतइनी । गुप्ता वीरगंज के २ नं. प्रदेश के राजधानी बनावे के बात पर भि जोड देहनी । उहाँ के प्रदेश सरकार के नेतृत्व कर रहल संघिय समाजबादी फोरम से वीरगंज के राजधानी घोषणा करेके मांग भी कइनी ।

अवाज एफ.एम द्वारा आयोजित होली मिलन समाहोर मे सहभागि लोग । फोटो : एस.के. सुमन

प्रेस चौतारी के अध्यक्ष अनुप तिवारी के अध्यक्षता मे भइल कार्यक्रम मे नेकपा एमाले पर्सा के इन्चार्ज प्रभु हजरा, नेता बसरुदिन अंसारी, उधोग बाणिज्य संघ के उपाध्यक्ष शुबोध गुप्ता, संघिय प्रहरी इकाई कार्यालय, नारायणी, वीरगंज के प्रमुख सूर्य प्रसाद उपाध्याय, जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रमुख गणेश रेग्मी, नेपाल पत्रकार महासंघ, पर्सा के अध्यक्ष श्याम बंजारा, पुर्व अध्यक्ष दिपेन्द्र चौहान, पुर्व उपाध्यक्ष ध्रुब साह, प्रेस चौतारी के केन्द्रिय सदस्य बृजलाल पसवान लगायत के लोग आपन आपन शुभकामना मन्तब्य राखले रहनी लोग ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here