फिरौती ना देहला पर अपहरित लईका के गोली मार के हत्या, ५ जने पकडईले

422

रौतहट, २८ जेठ ।

अमित ठाकुर,

रौतहट जिल्ला के कटहरिया नगरपालिका मे बितल शनिचर के रात मे अपहरण भइल एगो स्वास्थकर्मी के लईका के अपहरणकरी गोली मार के हत्या कर देहले बा । रौतहट के कटहरिया नगरपालिका वाड नम्बर ९ डुमरिया के स्वस्थकर्मी दिलीप साह के १२ साल के बेटा युवराज कुमार साह के फिरौती ना देहला के करते गोली मार के अपहरणकारी हत्या कर देहले बा ।

अपहरणकारी लईका के बाबू से एक करोड़ के फिरौती मंगले रहे फिरौती के एतना पैसा ना देहला के करते हत्या कर देहल गईल प्रहरी निरीक्षक मनोज यादव बतवले । हत्या मे सामील पाँच जने के प्रहरी पकडले बा । अपहरण होखते ही जिल्ला प्रहरी कार्यालय से प्रहरी निरीक्षक मनोज यादव आ इलाका प्रहरी कार्यालय गरुड़ा से चतुर्भुज ओझा के नेतृत्व मे परिचालित प्रहरी टोली खोज तलाश करत पांचो के पकडले रहे ।

 पकड़ाइल मे साह के ही गांव कटहरिया नगरपालिका वाड नम्बर ९ डुमरिया के १९ साल के शक्तिराय यादव, २० साल के प्रबिन यादव, २० साल के सुनील कुमार यादव आ बृंदावन नगरपालिका के आखरपाथर के १८ साल के बिनोद कुमार पटेल, २० साल के रबी कुमार पटेल ह लोग ।

लईका के घर से १५ किलोमीटर दूर गढ़ीमाई नगरपालिका वाड नम्बर ५ के परेवाला बागमती नदी के किनारे ले जा के गोली मार के हत्या कईले बा सब प्रहरी निरीक्षक यादव के कहनाम बा । यी घटना के लेके औरी भी खोज तलाश हो रहल बा प्रहरी निरीक्षक यादव यादव बतवले ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here