फिरौती ना देहला पर सुतरी बम पाडका के धमकावे मे सामील ४ जने के गिरोह प्रहरी हिरासत मे

    686

    वीरगंज, २६ अगहन ।

    लगभग ३ महिना पहिले बारा कलेया उपमहानगरपालिका – २५ के मनोज प्रसाद साह तेली के फोन आइल । उ बारा जिल्ला के परवानीपुर गांवपालिका – ४ मे रहल एम एस ईटटा उधोग के संचालक हंवे । नया नम्बर देख के ब्यापरी हिसाब के फोन होई सोच के ही फोन उठवले । माकिर फोन उठावला के बाद ओने से धम्की आवे लागल । फोन मे बोलेवाला आदमी १५ लाख रोपेया न देहला पर जान से मार देवे के धम्की देहले । पर उ फिरौती के रोपेया देवे से इन्कार क देहले । बार बार फोन आइल आ हर बार तेली फिरौती खातिर अस्वीकार करत गईले ।

    अचानक कातिक ४ गते उनका ईटटा उधोग मे बम पड़क गईल । फिरौती के रोपेया ना देब त घर परिवार के भी खतरा हो सकता क़हत एसएमएस आ फोन से धम्की आइल । धम्की सहित फिरौती मांग के हैरान बनावला के बाद तेली प्रहरी के शरण मे जा के प्रहरी के खबर कईले ।

    अगहन २५ गते फेरु तेली के फोन आइल । अभी आ के फिरौती के मांग ३ लाख पर आगईल रहे । ३ लाख रोपेया ले के परवानीपुर गांवपालिका – ४ चैनपुर मे आवे के फिरौती मांगेवाला कहलख । इलाका प्रहरी कार्यालय सिमरा के समन्वय मे तेली फिरौती रकम देवे जाए के तैयार भईले ।

    मुख्य योजनाकार पुराण अभियुक्त

    फिरौती लेवे आइल परवानीपुर गांवपालिका – ४ निवासी ३१ साल के प्रमोद साह गोढ़ सहित ४ जने के प्रहरी पकड़े मे सफल भईल । प्रमोद ही मनोज के फोन क के धम्की देहले रहले प्रहरी के दाबी बा । प्रहरी प्रमोद लगे से ३ गो मोबाइल बरामद कईले बा । मुख्य योजनाकार प्रमोद नाम के आदमी फिरौती लेवे खातिर शुरू मे आपना संघतिया के भेजले रहले बाद मे प्रहरी उनका के भी पकड़े मे सफल रहल प्रहरी उपरीक्षक बिकास राज खनाल जानकारी करवले ।

    उ सब फोन आ एसएमएस कर कर के जान से मार देहेम धम्की देवे के फिरौती ना देहला पर सुतरी बम पाडका के डेरवावे धमकावे के काम कारत आइल रहे लोग । प्रहरी उपरीक्षक खनाल कहले, प्रमोद लगे से ३ गो मोबाइल बरामद भईल बा, फिरौती रकम मांगे खातिर प्रयोग कईल अलग अलग सिम कार्ड अभी अंसन्धान के प्रक्रिया मे बा । बिदेश से फोन आवाता अइसन लागो देखावे लाय उ लोग इंटरनेट से फोन करे के तरीका अपनवले रहे लोग ।

    प्रमोद साह गोढ़ पहिले के ही अपराधी ह प्रहरी के दाबी बा । उ लोग हाथहथियार आ खरखजाना मुद्दा मे पहिले से ही अभियुक्त बा लोग । जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के टोली २०७३ चईत २८ गते घरेलू नलकटुवा बन्दूक १ थान आ ओमे लागेवाला गोली  ३ राउण्ड सहित पकड़ के मुद्दा चलावल गईल रहे । प्रहरी के माने त ओकरा बाद अदालत से दोषी ठहर भईला के बाद डेढ़ साल कैद सजाय काट के जेल से छुटल बा लोग ।

    प्रमोद संघे प्रहरी परवानीपुर – ४ के २० साल के देव शंकर राम, जीतपुर सिमरा उपमहानगरपालिका – २० के २० साल के अच्छेलाल गोसाई आ फेटा गांवपालिका – ३ के ३९ साल के दीपेन्द्र कुमार धानुक के प्रहरी हिरासत मे लेहले बा । चारु जने के जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा मे पत्रकार सम्मेलन क के सार्वजनिक कईल गईल ।

    अभी तक के अनुसंधान मे गिरोह मे औरी लोग के सामील होखे के शंका बा उ लोग के खोजी हो रहल बा प्रहरी उपरीक्षक खनाल कहले । उ लोग के बिरुद्ध मुलुकी अपराध संहिता २०७४ परिच्छेद २१ दफा २५३ लगा के आपराधिक लाभ कसूर मुद्दा चलावल गईल बा । बारा जिल्ला अदालत से प्रहरी हिरासत मे राख़ के ५ दिन के म्याद बढ़ासे के अनुमति ले के अनुसंधान हो रहल बा जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा जानकारी करवले बा ।

    नारायणी आयल रिफाइनरी से २५ हजार फिरौती

    यीहे समूह बारा परसौनी गांवपालिका – ४ निवासी नेरामाबि परसौनी के लेखापाल नन्दकिशोर प्रसाद कोहार के फोन क के धम्की देहेल रहे लोग प्रहरी पत्रकार सम्मेलन मे जानकारी करवलख । मोबाइल से धम्की देत कोहार से ५० लाख फिरौती मंगेल रहे लोग आ फिरौती रकम ना देहला पर उनका घर मे २०७६ कूवार १० गते सुतरी बम पाडका देहले रहे लोग ।

    यीहे समूह बारा परवानीपुर – ४ मे रहल नारायणी आयल रिफाइनरी मे भी धम्की देहेल रहे लोग प्रहरी के अनुसंधान से मालूम चलल । फिरौती रकम ना देहला के बाद २०७६ कूवार २ गते उधोग मे सुतरी बम पडकवले रहे लोग । उ लोग रिफाइनरी उधोग से २५ हजार फिरौती रकम लेवे मे सफल भी हो गईल रहे लोग ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here