फिल्म “मधेसी पुत्र २ यिहे चईत ९ गते से देश भर में प्रदर्शन होखे जा रहल बा

201

बीरगंज, १ चईत

चईत ९ गते से नेपाल के ३५गो से बहुती सिनेमा में घर अब रउवा देख सकत बानी मधेस आन्दोलन पर आधारित सिनेमा “मधेसी पुत्र २” | देश भर के मधेस के कथा पर आधारित सिनेमा “मधेस पुत्र २ नेपाली आ भोजपुरी दुनु भाषा में बनावल गईल बा यी सिनेमा में समग्र देश के राजनितिक कथा के समटे के कोशिश देखे के मिली | बिशेष कर के मधेस आन्दोलन के कथा पर आधारित भईला के चलते यी सिनेमा के सेंसर बोर्ड में बहुते बेलना बेले के परल रहे अइसन जानकारी सिनेमा के निर्देशक निराजन कुमार मेहता करवले | तराई के राजनितिक कथा भईला के कारण ही सेंसर में समस्या आईल रहे बाकिर सेंसर सदृश्यसे सिनेमा के तारीफ़ सुने के भी मिलल |

“अभिन तक भोजपुरी फिल्म के इतिहास में मधेस कथा पर आधारित कौनो सिनेमा ना बनल रहल आ प्रदर्शन भी पुरे नेपाल में एके साथ ना भईला के इतिहास नेपाली सिनेमा नगरी में रहे अब यी इतिहास मधेसी पुत्र २ बनाई निर्देशक मेहता कहले |

देश भर रिलीज होखेवला यी सिनेमा बिशेष तराई के दर्शक लोग पर केन्द्रित कईल गईल बा बितरक सूरज खडका बतवले | निर्माता उदित नारायण शाह अरुण के एकल लगानी में निर्मित यी सिनेमा अनुराग फिल्म्स के सातवा प्रस्तुति ह | तराई के अनेकन जगह सप्तरी, सिरहा, धनुषा आ भैरवा लगायत के जगह में शूटिंग भईल यी फिल्म में नायक आ निर्देशक निराजन कुमार मेहता, नीता घिमिरे, ध्रुब कोइराला, प्रबीन लाल यादव, मनोज राज, देव यादव आ उषा पण्डे लगायत लोग अभिनय कईले बा | आजू बीरगंज में यी सिनेमा के प्रेस रिलीज कईल गईल रहे अइसन जानकारी अनिल ओझा जी बतवले |

http://<iframe width=”640″ height=”360″ src=”https://www.youtube.com/embed/tb-OPglIFP8″ frameborder=”0″ allow=”autoplay; encrypted-media” allowfullscreen></iframe>

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here