The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

फेसबुक पर सक्रिय सामाजिक पेज द्वारा राहत सामाग्री वितरण

वीरगंज, २१ जेठ ।

फेसबुक पर सक्रिय सामाजिक पेज द्वारा गरीब आ असहाय परिवारन के राहत सामाग्री वितरण कईल गईल ।

कोभिड़-१९ से जूझ रहल देश मे कुछ घरविहीन असहाय आ गरीबन जे वीरगंज क्षेत्र मे रहत आइल बा उ लोग के फेसबुक पर सक्रिय रहल एगो सामाजिक पेज भाइजान ऑफ वीरगंज राहत सामाग्री वितरण कइले बा ।

दैनिक कमाई पर निर्भर यी गरीब आ असहाय परिवारन के जीवन यापन मे समस्या देखला पर आ अभी तक कावनों किसिम के राहत कवनों तह से ना मिलला के कारण हमनी के संस्था यी परिवार के राहत सामाग्री उपलब्ध करवलख संस्था के सादस्य आजाद अंसारी आपनवीरगंज से बात करत जानकारी करवले ।

अंसारी कहले की हमनी यी गरीब आ असहाय परिवारन के राहत स्वरूप प्राति परिवार १० किलो चाउर, १ किलो दाल, २५० ग्राम सोयाबीन, १ किलो नून, २.५ किलो आलू गर्मी के मध्येनजर रखते १/१ डिब्बा गुलूकोज सहित के राहत सामाग्री उपलब्ध करावल गईल ।

प्रतिकृया
Loading...