बगैचा में लटकल अवस्था में एक युवा के शव मिलल

109

पोखरिया (पर्सा), ६ जेठ

पर्सा जिल्ला के पर्सागढी नगरपालिका के वाड़ नं. ९, ऐकटंगा में एक जने युवा के लटकल अवस्था मे शव मिलल बा । स्थानिय रघुविर प्रसाद यादव के बेटा अंदाजी २० वर्षीय प्रमोद यादव के शव मिलल प्रहरी बतवले बा ।

हरदेव यादव के फुलवारी बगैचा में सझिया के ४ बजे लटकल अवस्था में शव मिलल इलाका प्रहरी कार्याल, ऐकटंगा के प्रहरी नायब निरिक्षक रमेश राय यादव बतवनी ।

लटकल अवस्था मे लोग सब देखला के बाद स्थानिय सब प्रहरी के खबर कईले रहे । सूचना मिलते घटना स्थल पर प्रहरी चहुप के अनुसन्धान के आगा बढ़वत शव के परिक्षण खातिर नारायणी उपक्षेत्रिय अस्पताल वीरगंज मे भेजल गईल नायब निरिक्षक यादव बतवनी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here