The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

बजेट सरकार आ नेकपा के असफलता के दस्तावेज़ : कांग्रेस

काठमाण्डू, १५ जेठ ।

आर्थिक साल २०७७/७८ के बजेट के नेपाली कांग्रेस सरकार आ नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (नेकपा) के असफलता के रूप मे यी दस्तावेज़ भइल प्रतिकृया देहले बा । नेपाली कांग्रेस के नेता मिनेन्द्र रिज़ाल बियफे के दिने संसद मे प्रस्तुत बजेट मे नया दृष्टिकोण कुछों ना भइल प्रतिकृया देहले बाडे ।

बजेट सरकार आ नेकपा के असफलता के रूप मे आइल बा, ‘ डा. रिज़ाल कहले ‘ लगभग दु तिहाई के बलशाली सरकार आइसन कठिन सममय मे नया भिजन सहित के बजेट लिया सकत रहे आ आपन कलपनशीलता प्रदर्शन कर सकत रहे ।
रिज़ाल सरकार अइसन कठिन परिस्थिति मे आँख ना खोले सकल क़हत सार्वजनिक खर्च, पुनरावालोकन आयोग के प्रतिवेदन कार्यान्वयन करे के कहला पर भी ठोस रूप मे अंक मे ना आइल बतवले ।

अर्थतन्त्र के आकार ना बढ़ावला से राजश्व के लक्ष्य मिलल कठिन होई रिज़ाल के कहनाम रहल । उ कहले राजश्व के अनुमान संशोधित से २२ प्रतिशत से बढ़ावे के कहले बाड़े, जवन यथार्थ परक नईखे ।

डा. रिज़ाल संशोधित १२१ अरब से ३ सय अरब वैदेशिक ऋण उठावे के जवन बात बा उ सम्भव नईखे होखे सकत कहले । उ कहले लक्ष्य के हिसाब से ऋण उठावल जाई त उधोगी व्यवशायी लोग के बाजार से ऋण मिलल बहुत मुश्किल हो जाई ।

प्रतिकृया
Loading...