बन के जमिन अतिक्रमण करके खेती करेवाला पकडइलें

211

जिराभवानी १८ माघ,

बन गस्ती टोली आजु सबेरे बन अतिक्रमण करके सुर्ती खेती कइल खेत मे पानी पटा रहल अवस्था मे एक जने के पकडले बा ।

सेक्टर बन कार्यालय बसन्तपुर से सुपेदार प्रदीप तिमल्सिना के नेतृत्व मे गइल गस्ती टोली आजु सबेरे पर्सा के जिराभवानी गाँवपालिका वार्ड नम्बर ५ सखुवनिया के जोखु राउत कुर्मी के पकडले बा । राष्ट्रिय बन क्षेत्र अतिक्रमण करके सुर्ती खेती कइल आ खेत मे पानी पटा रहल अवस्था मे पकडल गइल सुपेदार तिमल्सिना जानकारी देहनी ।

पकड़ाइल कुर्मी के आवश्यक कारवाही के खातिर डिभिजन बन कार्यालय बिरगंज में भेजल गइल सुपेदार तिमल्सिना बतवनी । उ क्षेत्र में बीसो बिगहा में राष्ट्रिय बन के जमिन मे सुर्ती खेती कइल गइल बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here