बलात्कारी के कडा से कडा सजाय के मांग करत वीरगंज मे दबाब र्‍यालि

155

वीरगंज, २८ फाल्गुन

नेपाल में दिन प दिन बढ़ रहल बलात्कार के घटना प्रति आम जनमानस में जागरण आ प्रशासन के लापरवाही के ख़िलाफ़ आजू वीरगंज के घंटाघर में महिला हिंसा एवं बलात्कार विरुद्ध जन आक्रोश रैली के आयोजना भईल । वीरगंज के पचास से जादे समाजिक संघ-संस्था के एकबध्यता रहल ई रैली में महिला हिंसा आ दुर्व्यवहार के विरोध में नागरिक समाज के ज़ोर-शोर से सहभागिता रहल । अभिन कुछ दिन पहिले पर्सा ज़िला के पटेरवा सुगौली में भईल आठ वर्षीय एक अबोध बालिका के साथ भईल नृशंस बलात्कार के घटना प्रति समाजिक अभियंता, कार्यकर्ता, व्यापारी, किसान, विद्यार्थी, महिला, नेता, पत्रकार सन सहित रैली में सहभागी हो रहल समूचा नागरिक समाज में रोष व्याप्त रहे ।
महिला आज़ादी, सशक्तिकरण आउर समर्थन में घंटाघर से पैदल मार्च करत ई रैली आदर्शनगर से घूमत-घूमत फेरु घंटाघर चहुँपल । घंटाघर चहुँपला का बाद रैली एगो छोट कार्यक्रम में बदल गईल । ई कार्यक्रम में समूचा महिला के पक्ष बोलत नेकपा माओवादी के युवा-प्रखर नेता रहबर अंसारी कहलन कि ई समाज जवन दिशा के ओर जा रहल बा ओह में विनाश ही विनाश बा । उनकर कहनाम रहे कि घर के मर्दाना आ लईका के नारी सम्मान करे के शिक्षा देवे के परल । मर्दाना आ लईका के ई बात सख़्ती से समुझावे के परल कि नारी के अपन एगो स्वतंत्र पहिचान आ अस्तित्व बा । एके सम्मान करे के ज़रूरत प ऊहवा के बल दीहनी ।
नेपाल में समाजिक सेवा क्षेत्र में काम कर रहल समाजिक अभियंता प्रकाश थारू बाल-बालिका तथा महिला के विरुद्ध हो रहल कवनो भी तरह के शोषण, दुर्व्यवहार के कड़ा निंदा कईनी । उहाँ के कहनी कि विरोध के ई स्वर अभी आउर ऊँच होई, एतना ऊँच होई कि ई समाज, प्रशासन के साथे-साथे सरकार के कान तक चहुँपी आ ई विरोध अभी आऊर कड़ा होई  । महिला हिंसा आ बलात्कार विरुद्ध दबावमूलक ई रैली में नेता आ वीरगंज के युवा आवाज़ के प्रतीक ओम प्रकाश सर्राफ़ समूचा नागरिक समाज से महिला हिंसा के विरोध में एकजुट होखे के आह्वान कईनी ।
रैली में वीरगंज के पचासन संस्था के प्रतिनिधी अपना-अपना स्तर से दबाव के कार्यक्रम आ बाल-बालिका, महिला हिंसा, दुर्व्यवहार के विरोध में उठे के सहमति जतवनीं ।

पर्सा जिल्ला के पटेर्वा सुगैली गाउपलिका-५ निचुटा टोल मे फाल्गुन १७ गते भईल अवोध बालिका के बलत्कार घटना के विरोध मे बलात्कारीके कडा से कडा के सजाय के मांग करत दबवा मुलक र्याली के आयोजना भइल रहे । “बलात्कार मुक्त समाज के निर्माण हमनी सबके साझा अभियान” अन्तरगत भइल कोण सभा मे बोलत बलात्कार मुक्त समाज के निर्माण करे खातिर अपना अपना जगह से सबिके एक जुट होकके अगड़ी बढेके वक्ता लोग जोड देहनी । ब्रिजेशवर चौधरी के अध्यक्षता मे भइल सभा मे कन्चन झा, ओमप्रकश सर्राफ, रहबर अन्सारी आ मालती कुशवाहा लगायत के वक्ता सब बोल्ले रहनी लोग ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here