The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

बलात्कारी के १० वर्ष जेल सजाय

फागुन १ गते २०७५

वीरगंज: बितल वरिष २०७४ चैत्र मे पर्सा जिल्ला मे ८ वर्षीय बच्ची के भईल रेप घटना के अपराधी मनीभूषण पाण्डे के १० वर्ष जेल सजाय आ पीडित के ५० हजार क्षतिपूर्ति के फैसला भईल ह । माननिय न्यायाधीश कृष्णप्रसाद सुबेदी  के इजलास से बितल हफ्ता माघ २४ गते पर्सा जिल्ला अदलात फैसला कईले बा।

वीरगंज के सानो पाइला संस्था इह मुद्दा मे पीडित बालिका के सुरू से ही न्याय दिलावे खातिर पैरवी करत आवतरलख । सानो पाइला एगो प्रेस विज्ञप्ति द्वारा अईसन संवेदनशील घटना के फास्ट ट्र्याक कोर्ट मे लेजाएके कहते ध्यानाकर्षण कईले बा ।  १० महिना १० दिन लागल वु मुद्दा मे कानून आ विकास मञ्च के सुषमा गौतम र पबीत्रा राउत, कानून व्यवसायी बिरेन्द्र यादव आ जिल्ला सरकारी वकिल कार्यालय के रुद्रप्रसाद पंथी वकालत कइले रनिलोग ।

प्रतिकृया
Loading...