बहुदरमाई के ८७ जने समेत ११७ जने मे कोरोना पुष्टि

 बहुदरमाई के ८७ जने समेत ११७ जने मे कोरोना पुष्टि

वीरगंज, ०३ भादो ।

पर्सा जिल्ला के बहुदरमाई नगरपालिका के ८७ जने समेत एक सय ११७ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भइल बा । नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे भइल परीक्षण मे ३५ महिला सहित ११७ जने मे संक्रमण पुष्टि भइल बा ।

संक्रमित होखे मध्ये वीरगंज महानगरपालिका वाड नम्बर ५, १०, १२, १५, १६ आ २५ के ९ जने, नारायणी ब्योधा अस्पताल मे काम करेवाला २ जने, जिराभावनी गांवपालिका वाड नम्बर २ के ३ जने आ वाड नम्बर ३ के १ जने कर के ४ जने रहल बा लोग ।

ओइसे ही बहुदरमाई नागपालिका के १९ महीला सहित अउरी ८७ जने मे कोरोना वायरस संक्रमण पुष्टि भइल बा । संक्रमित होखे मे बहुदरमाई नगरपालिका वाड नम्बर २ के १५ जने वाड नम्बर ३ के ४ जने, वाड नम्बर ५ के ६५ जने, वाड नम्बर ६ के १ जने आ वाड नम्बर ९ के २ जने मे संक्रमण पुष्टि भइल नगरपालिका के स्वास्थ्य संयोजक बिदुर उप्रेती जानकारी करवले ।

३ सय ३७ जने के स्वाब संकलन कर के पीसीआर परीक्षण कइला पर ८७ जने के रिपोर्ट कोरोना पोजिटिभ आइल संयोजक उप्रेती जानकारी करवले । संक्रमण पुष्टि होखे मे एक जने स्वास्थ्यकर्मी भी रहल बाड़े उ कहले ।

भारतीय महावाणिज्य दूतावास के एगो महिला कर्मचारी मे भी कोरोना वायरस के संक्रमण पुष्टि भइल बा ।

संक्रमित होखे मे छिपहरमाई गांवपालिका वाड नम्बर ५ के एक जने रहल बाड़े । संक्रमण पुष्टि होखे मे ७ साल से ले के ७० साल तक के उमर समूह के रहल बा लोग । पर्सा मे संक्रमित के संख्या १ हजार ५ सय ८९ पहुचल बा ।

नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे कईल परीक्षण मे बारा के ८ जने कोरोना संक्रमण पुष्टि भइल बा । संक्रमित होखे मे श्री चंडीनाथ गण के नेपाली सेना ४ जने, कलेया उपमहानगरपालिका वाड नम्बर १ के १ जने, जीतपुर सिमरा नगरपालिका के २ जने आ परसौनी गांवपालिका २ के १ जने रहल बा लोग । ओइसे ही सप्तरी के भी एक जने मे कोरोना पुष्टि भइल बा अस्पताल जानकारी करवले बा ।

पर्सा के ग्रामीण क्षेत्र के पालिकासब मे भी पीसीआर परीक्षण के दायरा बढ़ावला संगही वीरगंज महानगरपालिका बाहेक दोसर पालिका से भी संक्रमण पुष्टि के संख्या लगातार बढ़ रहल बा ।

मंगर के रात मे अबेर तक आइल पीसीआर रिपोर्ट के हिसाब से सब से बहुति बहुदरमाई नगरपालिका के नागरिकमे संक्रमण पुष्टि भइल बा । संक्रमण पुष्टि होखे मे १ सय १७ जने मे से ८७ जने बहुदरमाई नगरपालिका के खाली रहल बा लोग बाकी वीरगंज महानगपलिका समेत गांवपालिका आ बारा जिल्ला से रहल बा लोग ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *