बहुदरमाई नगरपालिका मे शिक्षा के स्थिति डामाडोल – नेता शिव पटेल

    175

    वीरगंज, २५ भादो ।

    पर्सा के बहुदरमाई नगरपालिका मे शिक्षा के स्थिति डामाडोल बा राजपा नेपाल के नेता शिव पटेल बतवले बाड़े ।

    बहुदरमाई नगरपालिका मे हो रहल बिधार्थी आन्दोलन के बारे मे समझे बुझे लाय बिधालय पहुचल नेता पटेल नगरपालिका मे रहल शिक्षा समिति पूर्ण रूप से भ्रष्टाचार मे डुबल के दोष लगवले बाड़े ।

    नगरपालिका के भीतर रहल डकैला बहुवरी आ नगरदाहा मे रहल बिधालय के अवस्था बहुते नाजुक स्थिति मे बा पटेल बतवले ।

    बिधार्थी लोग के आन्दोलन आ मांग जायज बा आ हम भी बिधार्थियन के साथ मे खाड़ा बानी पटेल कहले । बिधार्थी संघे के भेट मुलाक़ात मे बिधार्थी लोग पटेल से बिधालय के शैक्षिक अवस्था सुधार मे सहयोग क देवे के निहोरा कईले लोग ।

    मेयर नितेन्द्र साह खाली गोल गोल घुमावे वाला बात कईले माकिर आ ले कौनों प्रभावकारी कदम शिक्षा के ले के ना उठवले बिधार्थी लोग नेता पटेल के जानकारी करवलख । जबाब मे नेता पटेल आ से लगातार खबरदारी करे के प्रतिबद्धता कईले ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here