बाँध मर्मत नाभइलाबाद रौतहट के दर्जनो बस्ती जोखिम में

    295

    रौतहट,सावन ८

    असार अन्तिम सप्ताह बाग्मती आ लालबकैया नदी मे आईल बाढ से काटल बाँध मर्मत नाभइलाबाद रौतहट के दर्जनो बस्ती के लाखों नागरिक डर में जिरहल बाडन ।

    जिल्ला के दु गो बडका नदी बाग्मती आ लालबकैया में आईल बाढ से भस्कल बाँध अभीन तकले मर्मत नाहोखला बाद सदरमुकाम गौर सहित करिब आधा दर्जन स्थानीय तह के दर्जनों गावँ बाढ के जोखिम मे बा ।

    बितल आसाढ २७ गते बाग्मती आ लालबकैया नदी में आईल बाढ बहुते ११ गो जगह में बाँध कटला से गावँ में घुसल रहे । बाढ में डुबके १६ जने मौत भी भईल रहे । भुलाईल २ जने के अवस्था अभीनो मालुम नईखे चलेसकल । बाढ से करिब ७० हजार घर प्रभावित भईल बाग्मती आ लालबकैया नदी नियन्त्रण आयोजना के कार्यालय जनवले बा ।

    स्थानीय तह से ठेक्का लेहके कम्पनी सभन नदी मे जेनेतेने मसीन लगाके नदी से बालु आ गिटी निकालेला ठेक्का लगाके खोनवला के कारण बाढ से बाँध में नोक्सानी पहुचईले बा । वर्षात से पहिले बनल बाँध खराब भईलाबाद भी मर्मत सम्भार नाभईके चल्ते आ नदि क दोहन के कारण बाढ गावँसब में घुसल स्थानीयबासी के कहनाम बा ।

    बाग्मती आ लालबकैया नदी नियन्त्रण आयोजना के प्रमुख राजकुमार श्रीवास्तव कहनी बाढ से कटान कईल संरचना मर्मत करेला बितल बरीष भारत १४ करोड रोपेया देहले रहे । उ रोपेया से २०७४ साल में बाढ से काटल बान्ह मर्मत भईल श्रीवास्तव बतवलन ।

    उन्कर कहनाम एसो बाढ से भस्कल नदी के कटान कईल जगह मर्मत सम्भार के काम होरहल बतलन । भारतीय सहयोगमें हि तटबन्ध बनावल गईल रहे । बाढ से दहावल बाँध मर्मत करेला सरकार आ भारतीय पक्षसँगे बात होरहल उन्कर कहनाम बा । ऐसनका जोखिमपूर्ण अवस्था से बचावेला केन्द्र सरकार भी भारत के सरकारसँगे जल्दिए बात करेला उन्कर जोड । श्रोत नागरीक दैनीक

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here