The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

बाघ गाँव में घुसल के हल्ला से स्थानीय त्रसित

वीरगंज, १० श्रावन

पर्सा के सखुवाप्रसौनी गांवपालिका के वार्ड नं ६ एकडेर्वा में बाघ घुसल के हल्ला भईल बा ।

कुछ दिन पहिले आईल बाढ़ सङ्गे बाघ आईल होसकल स्थानिय के कथन बा । करिब १५ दिन पहिले खेत में घुमे गईल बेर बाघ देखल सखुवाप्रसौनी गापा वार्ड नम्बर ६ के वडाध्यक्ष लाल बहादुर यादव बतईनि । बियाफ़े के भोरे खेत में गईल बेर एगो मेहरारू बाघ देखले रहे आ ओकर बाद से ही गाँव भर हल्ला हो रहल उनकर कहनाम रहे । त्यहाँका स्थानीयहरुले गाउँमा बाघ आएको खबर प्रहरीलाइ जानकारी गराएका थिए ।

बियफ़े के सबेरे से ही इलाका प्रहरी कर्यालय पोखरिया, प्रहरी चौकी महुवन, सशस्त्र प्रहरी आ जिल्ला बन कर्यालय,पर्सा के सहाएक बन अधीकृत खुद्रुस मियां के टोलीसब ओह जगह पर पहुच के खोजतलास कईला बाद भी बाघ ना मिलल रहे ।

उखु के खेत बहुत रहला से उखु में लुकाईल मादा आ बच्चा कर के २ गो बाघ हो सकल के बिन्दबासिनी साझेदारी बन, पर्सा के संयोजक शैलेन्द्र यादव बतवले बानी ।

बितल वर्ष में भी बाघ आईल रहे आ १०/१२ गो प्रहरी आ स्थानिय लोग घायल भईला से भी अभिन बाध के नाम से ही स्थानिय लोग में त्रास फैलल यादव बतइनी । अंकुशदैनिक

प्रतिकृया
Loading...