बाढ़ में दहाईल लईका मरल अवस्था में मिलल

660

वीररगंज, २९ आसाढ

शनिचर के दुपहरीया सिर्सिया नदी में बाढ़ से दहाके भुलाईल लईका एतवार के मरल अवस्था में मिलल बा ।

वीरगन्ज महानगरपालिका १८ भवानीपुर के रामनारायण पटेल के १४ वरीष के बेटा अनुज पटेल के रामगढ़वा स्थित बजरंग सिनेमा हल लगे के खेत में लास मिलल पर्सा के डिएसपि अन्नत राज शर्मा जनवनी ।

बाढ़ में बेपत्ता भईल अनुज के सुरक्षाकर्मी आ स्थानीयवासी नदी आसपास के क्षेत्र में रातभर खोजी कईले रहलन । एतवार के सबेरे खेत के कादो में पोताईल अवस्था में लईका के लास मिलल डिएस शर्मा बतवनी ।

वीरगंज के माईस्थान विद्यापिट स्कूल के कक्षा १० मेंं पढ़ रहल अनुज आपन छोट भाई सहित ४/५ जने के समूह मेंं बाढ़़ देखे गइल बखत सेल्फी खिचे के चक्कर मेंं सारा घटना भइल घटनास्थल पर मौजूद स्थानीय बासी के कहनाम बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here