बाणिज्य कार्जालय वीरगंज द्वारा बजार अनुगमन

406

वीरगंज, २१ माघ ।

बाणिज्य आपूर्ति तथा उपभोक्ता संरक्षण कार्जालय वीरगंज रानीघाट मे रहल बहुते दोकानसब में अनुगमन कईले बा ।

अनुगमन में  बहुते दोकानसब के व्यवसाय प्रमाण पत्र नारहल, खरिद बिल आ बिक्री बिल नाराखल, दाम के सुची नाराखल, चाउर के उत्पादन मिति आ एक्सपाएर मिति नाभईल भेटाईला से ऐसनका व्यापारी सभन के उपभोक्ता ऐन अन्तरगत कारवाही होखेके सूचना अधिकारी दिलिप खग बतवनी ।

अनुगमन कईल दोकानसब राजलक्ष्मी ट्रेडर्स (सुजित गुप्ता), राहुल किराना दोकान (प्रेम शंकर प्रसाद), सुनिल कुमार शरार्फ के चाउर दोकान के नाम तक खुलस्त नारहे ।

एहितरे मोति खाधान्न गल्ला भणडार (मोतिलाल साह), न्यु बिन्दवासिनी ईन्टरप्राईजेज रानिघाट (राज नारायण प्रसाद कलवार), बम बम राईस मिल रानिघाट (पुनम देबि कलवार) के दोकान मे साईन बोर्ड नाभईल, रेट लिस्ट नाभईल, पान बिल जारी नाकईल आ नगदी रसिद सादा काटल प्रमाण सहित भेटईला से बिक्री बिल आ खरिद बिल सहित ३ दिन भितर कार्जालय मे उपस्थित होखे खातिर पत्र काटल बा ।

एहितरे सोमार के बाणिज्य आपूर्ति तथा उपभोक्ता संरक्षण कार्जालय द्धारा बिरगंज बजार अनुगमन करेके बेरीया मेनरोड, नेशनल ट्रेडिङ आगे के अंकित आयुस ट्रेडर्स मे अनुगमन कईलाबाद दोकान मे बहुते किसिम के दारु आ कोक, फेन्टा, स्प्राईट जईसन समय बेसि होचुकल पेय पदार्थ भेटईला से सामानसब जफत करके संयुक्त टोलिसब के रोहबर मे नास कईल बाणिज्य कार्जालय वीरगंज के सूचना अधिकारी दिलिप खग बतवनी ।

कार्जालय के नायब सुब्बा एवम् सुचना अधिकारी दिलिप खग, जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रहरी सहायक निरीक्षक शिवशंकर साह, उपभोक्ता हित संरक्षण मञ्च पर्सा के हरेराम ठाकुर, वीरगंज उद्योग बाणिज्य संघ के मनोज कुमार दास, सन्चारकर्मि अजित कुमार भुजेल, चुर्ण बुढाथोकी लगाएत के संयुक्त टोलि रानिघाट एरिया में रहल बहुते चाउर के दोकान, किराना दोकान, भुजा चिउरा के दोकानसब में अनुगमन कईले बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here