बाप मतारी के डांट से खिसियाइल लईका फंसरी लगा के कईले आत्महत्या

663

वीरगंज, १७ भादो ।

वीरगंज महानगरपालिका मे माई बाप के डांटला के वजह से खीस मे एगो लईका फंसरी लगा के आत्महत्या कईले बाड़े ।

पर्सा जिल्ला वीरगंज महानगरपालिका वाड नम्बर २० अपौनी के नवीलाल प्रसाद चौरसिया के १४ साल के बेटा काल्ह करीबन साढ़े ११ बजे अपने घर मे फंसरी झूल के आत्महत्या कईले बाड़े ।

माई बाप के डांटला के वजह से घर मे ही फंसरी पर झुलत अवस्था मे देखला पर उनकर बाबू फंसरी गर मे से निकाल के जल्दी जल्दी नारायणी अस्पताल वीरगंज ले के आईले पर माकिर तब ले उनकर मृत्यु हो चुकल रहे  पर्सा प्रहरी जानकारी करवले बा ।

पर्सा प्रहरी के जानकारी मुताबिक १८:०० बजे मृतक के पोष्टमार्टम कईला के बाद उनका बाबू के लास हस्तांत्रण कईल गईल ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here