बामदेव गौतम के मन्त्री बने पर, सर्वोच्च के रोक

काठमाण्डु, ७ कुवार ।
सर्वोच्च अदालत अबगे राष्ट्रिय सभा सदस्य नियुक्त भईल नेकपा उपाध्यक्ष बामदेव गौतम के कवनो किसिम के संवैधानिक जिम्मेवारी ना देवे के अन्तरिम आदेश जारी कइले बा ।
बुधबार न्यायाधीश डा. आनन्दमोहन भट्टराई के एकल इजलास से रिट निवेदक आ विपक्षी सरकार के अन्तरिम आदेश खातिर बतकही में बोलावत ओह बेरा ले गौतम के कवनो संवैधानिक जिम्मेवारी ना देवे के अन्तरिम आदेश जारी कइले बा ।
सर्वोच्च के यी आदेश के बाद गौतम के सरकार मन्त्री नियुक्त करे के समेत दोसर कवनो संवैधानिक जिम्मेवारी ना देवे सकी।
सर्वोच्च के यी रिट के अंत संवैधानिक इजलास से लगावे के परि कहत कुवार १४ गते दुनु पक्ष के अन्तरिम आदेश ख़ातिर बतकही में बोलवले बा ।

