बारा आदर्श कोतवाल गांवपालिका – ३ के सचिव फर्जी कागजात बना के बृद्धा भत्ता गड़बड़ करे के आरोप

182

बारा, १६ जेठ ।

आदर्श कोतवाल गांवपालिका वाड नम्बर ३ के सचिव राजेश प्रसाद यादव द्वारा बृद्धा भत्ता नकली सही कर के पैसा निकाले के आरोप । बृद्धा भत्ता ना देहल क़हत आदर्श कोतवाल गांवपालिका वाड नम्बर ३ के सचिव राजेश प्रसाद यादव के बिरोद्ध मे गांवपालिका कार्यालय मे निबेदन दर्ता करवले बा लोग ।

पीड़ित कोशिला देबी कानुईन आ पांचू अहिरिन (भटिनीय) आपन ओरहन सुनावत कहली हमनी के अगहन से फागुन तक के भत्ता रकम नकली कागज बना के आ हमनी के नकली सही छाप लगा के पैसा उठा लहले बा लोग ।

सरकार द्वारा हमनी बृद्ध लोग के देहल जाएवाला सुबिधा हमनी के वापिस हो जाव ओहि से हमनी संबन्धित कार्यालय मे आपन ओरहन निबेदन के मार्फत देहनिसन पीड़ित पक्ष सुनवलख ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here