बारा आ पर्सा जिल्ला में भी डेंगू रोग के प्रकोप

248
नारायणी अस्पताल में डेंगू के मरिज के अवस्था के बुझत डॉ. उदयनारायण सिंह

बिमला गुप्ता, वीरगंज । भादों २४ ।

मच्छर के कटला से लागेवाला खतरनाक बेमारी डेंगू के प्रकोप बारा आ पर्सा जिल्ला में भी लउकल बा । वितल दु सप्ताह एने वीरगंज के बहुते अस्पताल में करिब दु दर्जन से बेसी डेंगु रोगी के इलाज होरहल डाक्टर सभन बतवले बाड़न ।

नेपाल चिकित्सक संघ नारायणी वीरगंज के महासचिव एवं नारायणी अस्पतल के चिकित्सक डा. उदयनारायण सिंह के अनुसार वीरगंज सहित बारा, पर्सा में डेंगु के २३ जने मरीज मिलला बाद भी अभिन तक केहुके भी मौत ना भईल कहनी । डां. सिहं कहनी बेमारी के संक्रमण के खतरा एह जिल्ला सभन मे बढते गइला से सब केहुके सुरक्षित रहेके सुझाव देहनी ।

अभीन वीरगंज के एडभान्स हस्पिटल में ४ जने डेंगु रोगी , नारायणी में ५ जने , वीरगंज हेल्थ केयर में ४ जने आ मेडिकल कलेज में ५ जने आ अउर अस्पताल सभन में ५ जने करके कुल २३ जने डेंगु के मरीज मिलल सिंह जनवनी ।

साफ पानी में रहके अण्डा देवेवाला डेंगू मच्छर विशेष कर के दिन के समय में आदमी सभन के काटेला । ई बेमारी लागला के बाद तेज बोखार लागे के, मुड़ी दुखाएके, खुन में प्लेटलेट्स के मात्रा कम होखेके, देह टेटाएके आ आन्तरिक रक्तश्राव होखे के जइसन लक्षण लउकेला ।

बेमारी से बचेला तेज बोखार लागे त अस्पताल जाके डाक्टर के सुझाव अनुसार इलाज करवावे आ विशेष सावधानी अपनावेला डॉक्टर सभन के निहोरा बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here