बारा के कलेया मे मेयर कप फुटबल प्रतियोगीता शुरू

129

प्रभु यादव ।

कलेया, २५ बईशाख ।

बारा के कलेया उपमहानगरपालीका के वार्ड नम्वर ७ मे दुर्गा मावि के प्रागन मे मेयर कप फुटबल प्रतियोगीता शुरू भईल बा । प्रतियोगीता के उदघाटन कलेया उपमहानगरपालीका के मेयर राजेश यादव करत खेलकुद स्वास्थ्य के लेल बहुत महत्व रहला से करावल जरूरी रहल बतइनी । 

खेलकुद से अापन ठाव के पहचान बनावेला यादव कहनी । प्रतियोगिता के उदघाटन समाहरोह ७ नम्वर वार्ड के वडा अध्यक्ष सरफुलाह अ्ंसारी के सभापतित्व मे कलेया उपमहानगपालिका के मेयर यादव के प्रमुख अतिथिय मे  भइल रहे । कार्यक्रम के अतिथि बारा पुलिस के प्रहरी उपरिक्षक राजकुमार बैदवार, शस्त्र प्रहरी उपरिक्षक बेनु पाठक, जिल्ला फुटबल सघ के अध्यक्ष महम्द एम समुल्लाह असारी उपमेयर रहिमा खातुन, वार्ड अध्यक्ष विक्रम यादव, लालबाबु यादव, समाज सेवी मुक्ती यादव पत्रकार सत्यप्रकाश श्रेष्ठ, सिकेन्द्र पासवान, सजीव मिश्रा, उपेन्द्र यादव, नुरअालम वाद साह, दुर्गा मावि के प्रअ मनोज यादव लगायत के उपस्थिति रहल रहे ।

खेल अा खेलाडी के सरक्षण खातिर होरहल प्रतियोगीता के सहयोग कलेया उपमहानगरपालीका के साक्षर सामुदायिक सिकाई केन्द्र कलेया के अायोजना मे भईल जवना के सचालन साजीर मसुर कइलन । सुरू खेल कलेया फुटवल क्लव अा मौवादेवी युवा क्लव बर्डाहवा के होरहल बा बिहान के खेल बारा ११ अा फुटबल एकाडेमी सिमरा के बिच  होखे के अायोजक जनकारी देहले बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here