बारा के नदी में मोटरसाईकिल सहित मृत एक आदमी मिलल

1395

प्रभु यादव, कलेया (बारा ), माघ १७ ।

बारा जिला के जमुनि नदी में मोटरसाईकिल सहित मृत्यु भईल एक आदमी मिलल बा । आदर्शकोतवाल गाँवपालीका में रहल कुडवा आ कोतवाली के बिच में गण्डक नहर के रास्ता के पुल पर से जमुनी नदी मे गिर के मृत्य भईल बारा पुलीस जानकारी करवले बा ।

भोर में रास्ता पर चलेवाला लोग नदी के बहत पानी में आदमी आ मोटरसाईकल देखाई देहला पर आदर्शकोतवाल के इलाका पुलीस चौकी चिउटहा के खबर कईला पर आईल पुलीस के टोली जिल्ला पुलीस के जनकारी देहलक ।

जिल्ला पुलीस द्वारा मरल आदमी आ मोटरसाइकल के निकलले रहे । मोटरसाईकल भारतीय नम्वर वि आर 05 एक्स 8423 के सुपर स्पलेन्डर रहल बा ।

मरल आदमी के जेब से भारतीय आधार कार्ड भेटल रहे जवना में कवही जमुनीया घोडासहन पुर्वीचम्पारण के ३८ वरीस के राजेश गिरी रहल पहचान खुल्ल पुलीस जनकारी देहले बा ।

आदमी के लास कलेया अस्पताल में पोष्टमोर्टम करे खातिर राखल गईल पुलीस जनकारी करवले बा । नदी में से आदमी के लास आ मोटरसाइकल के जिल्ला से गइल एसपी सानुराम भट्टराई के टोली निकलले रहे ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here